Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Basti News: चोरी क के भागत दु गो आरोपियन के गाँव वाला धइलें

278

 

बनकटी: लालगंज थाना क्षेत्र के बानपुर गांव में एके रात में तीन घर चोरी हो गइल। गाँव के लोग चोरी क के भागत घरी दुनो आरोपी के पकड़ लेले। दुनों के पुलिस के सौंप दिहल गईल। ओह लोग से पूछताछ कइल जा रहल बा।

लालगंज थाना क्षेत्र के बानपुर गांव में सोमवार/मंगलवार के रात मकसूद अहमद के बरामदा में राखल मोबाइल फोन चोरी हो गईल। ओही रात मुबारक शेख के घर में घुसते पैंट में राखल एक हजार रुपया चांदी के पायल चोरी हो गईल। एकरा बाद महेश्वरी के दरवाजा तूड़त घरी जब लोग जागल त चोर भाग गईले। कृष्ण शुक्ला के घर चोरी करे के कोशिश करत गांव के लोग दौड़ के पकड़े के कोशिश कईले, ओकरा बाद आरोपी गांव के नजदीक कुआनो नदी पs पहुंचल अवुरी नाव में बईठ के भागे के कोशिश शुरू क देलस। पीछा करत आइल गाँव के लोग ओह के पकड़ लिहले। दुनों के पहचान बानपुर गांव के विजय अवुरी राम मंतोष के रूप में भईल बा। गांव के लोग पुलिस के सूचना देले। मौका पs पहुंच के पुलिस ओ लोग के हिरासत में ले लेलस।

 

 

 

573790cookie-checkBasti News: चोरी क के भागत दु गो आरोपियन के गाँव वाला धइलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.