सांझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2023

बिहार: जीतन राम मांझी NDA में सामिल; दिल्ली में गृहमंत्री अमित शाह के संगे बैठक में फैसला, CM नीतीश कुमार के एक हफ्ता पहिले छोड़ले रहस साथ। 45 मिनट तक गृहमंत्री के संगे मांझी के

Share

  1. बिहार: जीतन राम मांझी NDA में सामिल; दिल्ली में गृहमंत्री अमित शाह के संगे बैठक में फैसला, CM नीतीश कुमार के एक हफ्ता पहिले छोड़ले रहस साथ। 45 मिनट तक गृहमंत्री के संगे मांझी के बैठक।
  2. बिहार: विपक्षी एकता के मीटिंग से पहिले केजरीवाल के शर्त; बैठक में सबसे पहिले केंद्र के अध्यादेश पs चरचा होखे, ना तs सब राज्यन के अधिकार छिनी। बिजली, शिक्षा, बेयपार के अधिकार छीन सकत बिया केंद्र सरकार- अरविंद केजरीवाल।
  3. उत्तर प्रदेश: सुल्तानपुर जेल में बंद दु बंदियन के मौत, बैरक में फंदा पs लटकल मिलले दुनो कैदी, दुनो एके हत्याकांड में बंद रहले सs।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में दिव्यांग महिला के माथा कुच के हत्या; भाई लगवलस रेप के बाद हत्या के आरोप, घर पs अकेले रहत रहे गुड़िया। घटनास्थल पs मिलल हत्या के सुराग।
  5. झारखंड: बिहान झारखंड के दौरा पs बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष; मिशन 2024 के आगाज! गिरिडीह में होई विशाल जनसभा। जमीनी हकीकत नापे के बा योजना।
  6. केरल सरकार जारी कइलस सर्कुलर: मैरिज रजिस्ट्रेशन के समय धरम बतावल जरूरी नइखे, कपल के याचिका पs HC देले रहे आदेस।
  7. 9वां अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस: सूरत में सवा लाख लोग एक संगे योग कइलस, लद्दाख से समुंदर में INS विक्रांत तक जवान लोग लगावल आसन। पीएम मोदी अमेरिका से वीडियो सनेस में बोललें- योग ग्लोबल स्पिरिट बन गइल।
  8. मुंबई में उद्धव-आदित्य के करीबियन के इहां ED के रेड: 12,500 करोड़ के कोविड सेंटर स्कैम में एक्शन; 15 ठिकानन पs तलाश जारी। सेंटर में तैनात डॉक्टरन के लगे ना रहे मेडिकल सर्टिफिकेट।
  9. टाइटन पनडुब्बी 48 घंटा से लापता, कुछ आवाज सुनाई देलस: 30 घंटा से कम के ऑक्सीजन बांचल बा; एमे भारत में चीता लेवे वाला ब्रिटिश अरबपती हैमिश हार्डिंग मवजूद। टाइटेनिक जहाज के डुबल मलबा देखावे ले जाये के काम में आवेला ई टाइटन पनडुब्बी।
  10. एकदिवसीय विश्व कप खातिर वेन्यू बदलवावे के पाकिस्तान के मांग खारिज: ऑस्ट्रेलिया से चेन्नई, अफगानिस्तान से बैंगलेरू में खेलल चाहत रहे। ICC इवेंट्स में खाली सुरक्षा कारणन से बदलल जाला वेन्यू।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.