Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

554
  1. बिहार: बिहार भाजपा अध्यक्ष सम्राट चौधरी बोललें – विपक्षी एकता में सभे प्रधानमंत्री बनल चाहत बा; गिरिराज सिंह नीतीश के बतवलें अमरलती के पौधा, कहलें- 17 साल से राजनितिक सहारा पs बाड़ें। ममता बनर्जी बंगाल के विपक्षी दल सीपीएम के एकता में साथ होखला पs समर्थन ना देवे के बात कहली।
  2. बिहार: छपरा के लईकी हरियाणा के किशोरी से कइलस बियाह; फेसबुक पs लईका बन के 3 महीना चैटिंग कइलs, फेर में मुंबई में बियाह कइलस।
  3. उत्तर प्रदेश: राजनाथ सिंह बोललें- पब्लिक के नेता लोगन से विश्वास उठ रहल बा; लखनऊ में रक्षा मंत्री कहलें- नेता ‘नs’ आ ब्यूरोक्रेट्स ‘हs’ कहल सीख जाव तs देस के कल्याण हो जाई। धैर्य से काम लेला पs कामयाबी जरूर हासिल होई।
  4. उत्तर प्रदेश: गीता प्रेस के 2021 के गांधी शांति पुरस्कार; गांधीवादी तरीकन से सामाजिक परिर्वतन के दिशा में जोगदान खातिर चुनल गइल, सीएम देलें बधाई। संस्कृति मंत्रालय अतवार के एकर घोषणा कइलस।
  5. झारखंड: झारखंड के स्कूलन में छुट्टी तीसरा बेर बढ़ल; आठवीं तक के स्कूल 21 जून तक बंद रही, 9वीं से 12वीं तक के क्लास 11 बजे तक चली। पहिला बेर 14 जून आ दूसरा बेर 17 जून तक खातिर बंद करे के दिहल गइल रहे आदेस।
  6. यूपी-बिहार में हीटवेव, 3 दिन में 98 के मौत: बलिया में 400 लोग अस्पताल में भरती, असम के 13 जिलन में बाढ़, 38 हजार प्रभावित।
  7. बबीता फोगाट बोलली- बृजभूषण के खिलाफ धरना के परमिशन हम ना दिलवनी: साक्षी मलिक के दावा झूठा, ऊ कांग्रेस के हाथ के कठपुतली बन चुकल बाड़ी। भाजपा नेता तीर्थ राणा के साक्षी के जवाब- हम पहलवानन से ना, ऊ हमरा से मिलल रहे लो।
  8. JEE एडवांस्ड परीक्षा के रिजल्ट जारी: हैदराबाद के वीसी रेड्डी टॉप कइलें, 43 हजार 773 स्टूडेंट्स सफल भइल लो। संगही 13 बिदेसी छात्रन के मिलल बा सफलता।
  9. पाकिस्तान के डिफॉल्ट होखे के खतरा बढ़ल: IMF लोन देवे खातिर तइयार नइखे, जून के आखिर तक 4 अरब डॉलर चाही।
  10. चिराग-सात्विक के जोड़ी जीतलस इंडोनेशिया ओपन बैडमिंटन: ई खिताब जीते वाला पहिला भारतीय जोड़ी; मलेशियाई जोड़ी के एक घंटा सात मिनट में 21-17, 21-18 से हरावल।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.