भोजपुरी एक्टर मदन गिरी के सड़क दुर्घटना में मौत, मौसी के घर से लवटत घरी भइल हादसा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2023

औरंगाबाद में भीषण सड़क हादसा में एगो भोजपुरी एक्टर के दर्दनाक मौत हो गइल। भोजपुरी एक्टर अतवार के अपना चचेरा भाई के संगे अपना मौसी के घरे गइल रहस, मौसी से मुलाकात कइला के बाद

Share

औरंगाबाद में भीषण सड़क हादसा में एगो भोजपुरी एक्टर के दर्दनाक मौत हो गइल। भोजपुरी एक्टर अतवार के अपना चचेरा भाई के संगे अपना मौसी के घरे गइल रहस, मौसी से मुलाकात कइला के बाद वापस लवटला के दौरान तेज रफ्तार ट्रक जोरदार टक्कर मार देलस, जवना से उनकर मवके पs मौत हो गइल।घटना नगर थाना क्षेत्र के हs।

मृतक भोजपुरी कलाकार के पहचान रोहतास के बघैला थाना क्षेत्र इस्थित बरईचा बैरांव गांव निवासी 42 बरिस के मदन गिरी के रूप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि भोजपुरी एक्टर मदन गिरी अपना चचेरा भाई गोपाल गिरी के संगे रावल बिगहा अपना मौसी से मिले खातिर गइल रहस। वापसी में नगर थाना क्षेत्र के एगो अस्पताल के लगे सड़क पार कइला के दौरान तेज रफ्तार ट्रक उनका के रउद डललस। एह हादसा में भोजपुरी कलाकार के चचेरा भाई के गंभीर चोट आइल बा।

हादसा के बाद मवका पs अफरा तफरी मच गइल बा। आनन-फानन में दुनो के अस्पताल में भरती करावल गइल, जहां डॉक्टर लोग मदन गिरी के मृत घोषित कs दिहल। घटना के जानकारी मिलतही मवका पs पहुंचल पुलिस मृतक के शव के कब्जा में लेले ओकरा के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बा। पुलिस द्वारा घटना के जानकारी दिहल गइला के बाद परिजनन में कोहराम मच गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.