Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Operation Kaveri: भारतीय लोगन के लेके दिल्ली पहुंचल विमान, लागल ‘भारतीय सेना जिंदाबाद, पीएम जिंदाबाद’ के नारा 

बुध के जइसही भारतीय नागरिक सूडान से दिल्ली पहुंचल लो, ओह लोगन के तरफ से 'भारत माता की जय', 'भारतीय सेना जिंदाबाद', 'पीएम नरेंद्र मोदी जिंदाबाद' के नारा लगावल गइल। 360 भारतीय नागरिकन के लेके विशेष विमान सऊदी अरब के जेद्दा से राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली पहुंचल।

355
Google Ads 300*250 for posts

सूडान में सेना आ अर्ध सैनिकन के बीच संघर्ष अभी जारी बा। एह बीच उहां फंसल भारतीय लोगन के ले आवे खातिर भारत सरकार ‘ऑपरेशन कावेरी’ चलवले बिया। बुध के 360 भारतीय नागरिकन के लेके विशेष विमान सऊदी अरब के जेद्दा से राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली पहुंचल।

जइसही भारतीय नागरिक सूडान से दिल्ली पहुंचल लो, ओह लोगन के तरफ से ‘भारत माता की जय’, ‘भारतीय सेना जिंदाबाद’, ‘पीएम नरेंद्र मोदी जिंदाबाद’ के नारा लगावल गइल। 360 भारतीय लोगन के लेके नई दिल्ली जाये वाली फ्लाइट आज जेद्दाह एयरपोर्ट से रवाना भइल। केंद्रीय विदेश राज्य मंत्री वी मुरलीधरन जेद्दा हवाई अड्डा पs भारतीय लोगन के विदा कइलें।

केंद्रीय मंत्री मुरलीधरन ट्वीट कइलें कि जेद्दा हवाईअड्डा पs 360 भारतीयन के नई दिल्ली जाये वाली फ्लाइट से विदा करत खुसी हो रहल बा, ऊ जल्दिये मातृभूमि पहुंच जाई लो, अपना परिवारन के संगे फेर से जुड़ी लो। ऑपरेशन कावेरी के तहत सरकार सूडान से भारतीय नागरिकन के निकाले आ लोगन के सुरक्षित घर ले आवे खातिर लगातार काम कर रहल बिया।

एएनआई से बात करत, सूडान से लवटल एगो भारतीय नागरिक, सुरेंद्र सिंह यादव कहलें कि हम उहां एगो आईटी परियोजना खातिर गइल रहनी आ फंस गइनी। दूतावास आ सरकार बहुते मदद कइलस। जेद्दा में लगभग 1000 लोग मवजूद बा। सरकार तेजी से निकासी के काम कर रहल बिया। सूडान से निकालल गइल 360 भारतीयन के लेके विशेष उड़ान के जेद्दा, सऊदी अरब से दिल्ली में उतरला पs भारतीय लोग बहुते प्रसन्नता व्यक्त कइल।

सूडान से लवटल एगो आउर भारतीय नागरिक एएनआई के बतवलें कि भारत सरकार हमनी के बहुते समर्थन दिहल। ई एगो बड़ बात बा कि हमनी के इहां सुरक्षित पहुंच गइनी सs काहेकि ई बहुते खतरनाक रहे। हम पीएम मोदी आ भारत सरकार के धन्यवाद देत बानी। एकरा पहिले आईएनएस सुमेधा 278 भारतीयन के उहां से जेद्दाह तक उतार चुकल बा।

सूडान से निकालल गइल लो 670 भारतीय, एमे से 360 दिल्ली पहुंचल लो

भारत सूडान से कुल 670 भारतीय नागरिकन के निकलले बा आ नियमित सेना आ एगो अर्धसैनिक बल के बीच संघर्ष विराम समाप्त होखे से पहिले संघर्षग्रस्त अफ्रीकी देस से अपना आउर नागरिकन के निकाले पs विचार कर रहल बा।

आधिकारिक आंकड़न के मोताबिक, सूडान से निकालल गइल भारतीयन के कुल संख्या अब तक 670 बा। बुध के रात एक व्यावसायिक विमान से जेद्दा से निकालल गइल लोगन के पहिला समूह नई दिल्ली पहुंचल। विदेश मंत्री एस जयशंकर ट्वीट कइलें कि भारत अपना लोगन के वापसी के स्वागत करत बा। #ऑपरेशन कावेरी 360 भारतीय नागरिकन के स्वदेश ले आइल बा, काहेकि पहिला उड़ान नई दिल्ली पहुंच गइल बा।

ऑपरेशन कावेरी का हs?

सूडान में करीब 10 दिन से चल रहल संघर्ष के बीच दुनो पक्ष संघर्ष विराम के सहमत भइल। 72 घंटा का ई संघर्ष विराम 24 अप्रिल के आधी रात से सुरू भइल। एह बीच, भारत अपना लोगन के उहां से सुरक्षित निकाले खातिर ‘ऑपरेशन कावेरी’ सुरू कइले बा। भारतीय विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता बतवलें कि ऑपरेशन कावेरी के तहत C-130 के दु गो फ्लाइट क्रमशः 121 आ 135 यात्रियन के लेके सऊदी अरब में जेद्दाह में लैंड कइले बा। ओहिजा अब भारतीय नागरिक अपना देस लवटे लागल बा लो।

529950cookie-checkOperation Kaveri: भारतीय लोगन के लेके दिल्ली पहुंचल विमान, लागल ‘भारतीय सेना जिंदाबाद, पीएम जिंदाबाद’ के नारा 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.