Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: बिदेस भेजला के नाम पs 250 लोगन से ठगी, करोड़न हड़पके फरार

486

गोरखपुर: गोरखपुर के पादरी बाजार में शाहपुर इलाका के मेडिकल कॉलेज रोड पs इस्थित राधिका कॉम्प्लेक्स में एगो जालसाज ऑफिस खोलके लगभग ढाई सौ लोगन के बिदेस भेजला के नाम पs करोड़न रुपिया हड़पके फरार हो गइल।

सोमार के मुख्य्मंत्री जनता दर्शन में शिकायत के बाद बुध के सांझ शाहपुर पुलिस उड़ीसा प्रांत निवासी आर. रोबाना के खिलाफ केस दर्ज कs के तलाश सुरू कs देले बा।

देवरिया के गांव बरईपुर निवासी संजय कुमार यादव सोमार के मुख्यमंत्री जनता दरबार में शिकायत कइलें कि शाहपुर के मेडिकल कॉलेज रोड इस्थित राधिका कॉम्प्लेक्स में बिदेस भेजे खातिर इंपेरियल ट्रेवल्स गाइड के नाव से ऑफिस खुलल रहे। एगो परिचित के बतवला पs ऑफिस पहुंचल तs जालसाज 55 हजार रुपिया आ पासपोर्ट अपना लगे जमा करा लेलस आ कहलस कि जल्दिये रउआ के बिदेस भेज दिहल जाई। दु महीना बितला के बाद पीड़ित सनीचर के फोन लगवलस तs स्विच ऑफ बतावत रहे।

एकरा बाद सोमार के ऑफिस पहुंचलें तs ताला बंद रहे। पता कइला पs लोग बतावल कि लगभग ढाई सौ लोग बिदेस भेजला के नाम पs करोड़न रुपिया लेके फरार हो गइल बा। एकरा बाद पीड़ित सोमार के मुख्यमंत्री जनता दर्शन में शिकायत कइलस। शिकायत के संज्ञान लेत बुध के शाहपुर पुलिस आरोपी जालसाज के खिलाफ केस दर्ज कs के तलाश सुरू कs देले बिया।

पुलिस के कहनाम बा कि बेसी जानकारी निकालल जा रहल बा आ संगही आरोपी के तलाश जारी बा। पुलिस कइयन लोगन से पूछताछ कs रहल बा। आरोपी के जल्दी दबिश कइल जाई। ओहिजा पुलिस लोगन से आउर सतर्क होखे के सलाह देले बा। बढ़त साइबर अपराधन के देखत पुलिस जागरूक रहे खातिर कहलस। ओहिजा सब पीड़ितन से आरोपी से जुड़ल जानकारी लिहल जा रहल बा।

482240cookie-checkUP: बिदेस भेजला के नाम पs 250 लोगन से ठगी, करोड़न हड़पके फरार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.