Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Allahabad University: छात्रन क पिटाई के बाद विवि में बवाल, तोड़फोड़ आ आगजनी, छात्रनेता समेत छव घायल

223

इलाहाबाद विश्वविद्यालय में छात्रन के पिटाई के बाद सोमार के जमके बवाल भइल। उग्र भीड़ पथराव, तोड़फोड़ के संगे आगजनी कइल। कार्यालयन के दरवाजा-खिड़कियन के संगही दर्जनन वाहन क्षतिग्रस्त कs दिहल गइल। दु गो बाइक आ जनरेटर फूंकला के संगही कैंटीनो के आग के हवाले कs दिहल गइल। आरोप बा कि सुरक्षा गार्ड छात्रन के पिटाई के संगे फायरिंग कइल लोग। एमे छात्रनेता आ विवि के पांच छात्र जख्मी भइल बा लोग।

इलाहाबाद विवि में बवाल

बवाल पूर्व छात्रनेता आ कांग्रेस के प्रदेश सचिव विवेकानंद पाठक से अभद्रता सुरू भइल। ऊ यूनियन हॉल के लगे इस्थित एसबीआई शाखा में जात रहलें। आरोप बा कि सुरक्षा गार्ड उनका के भीतर जाये से रोक देलस। एकरा के लेके नोकझोंक भइल तs एगो असिस्टेंट प्रोफेसर के बीचबचाव पs ममिला शांत हो गइल आ विवेकानंद भीतर चल गइले। आरोप बा कि कुछ देर बाद बड़ संख्या में गार्ड डंडा आ लोहा के रॉड आ असलहन से लैस होके आ गइल लोग आ छात्रन के पीटल सुरू कs दिहल।

निहत्था छात्रन के दउरा-दउरा के पीटल गइल

निहत्था छात्रन के दउरा-दउरा के पीटल गइल। आरोप बा कि विरोध पs फायरिंगो कइल गइल। एकरा जानकारी पs बड़ संख्या में छात्र जुट गइल लोग आ पथराव करत गार्डन के खदेड़ लिहल लोग। एकरा बाद बवाल सुरू हो गइल। पथराव करत आगे बढ़ल छात्र परीक्षा नियंत्रक, रजिस्ट्रार समेत कइयन कार्यालयन के दरवाजा-खिड़कियन के तुड़ दिहल लोग। पुलिस के खदेड़ला पs केंद्रीय पुस्तकालय के तरफ स्टैंड में खड़ा शिक्षक-कर्मचारियन के आठ वाहन क्षतिग्रस्त कs दिहल गइल।

एकरा संगही परिसर में खड़ा तीन आ यूनियन भवन रोड आ बैंक रोड पs एकहs गो कार में तोड़फोड़ कइल लो। एकरा बाद परीक्षा नियंत्रक आ रजिस्ट्रार कार्यालय के लगे खड़ा दु बाइक फूंक दिहल लोग। प्रॉक्टर कार्यालय के लगे स्थित कैंटीन आ जनरेटरो में आग लगा देलस लोग। सूचना पs कमिश्नर रमित शर्मा, एडिशनल कमिश्नर आकाश कुलहरि, डीएम संजय खत्री डेढ़ दर्जन थानन के फोर्स लेके मवका पर पहुंचल आ कवनो तरे इस्थिति नियंत्रित कइल।

ई लोग भइल जख्मी

ओने सुरक्षा गार्डन के पिटाई में छात्रनेता विवेकानंद पाठक के माथा फूट गइल। एकरा अलवे एमए के छात्र अभिषेक यादव k आरोप बा कि ऊ फायरिंग में छर्रा से घायल भइल बाड़े। एकरा अलावे छात्र हरेंद्र यादव, मंजीत पटेल, मुबस्सिर हारून, मसूद अंसारी  जख्मी भइल बा लोग। एह सभे के मेडिकल करावल गइल बा।

इस्थिति पूरा तरह से नियंत्रण में बा। छात्रन के समझा दिहल गइल बा आ ओह लोग के आश्वासन दिहल गइल बा कि निष्पक्ष कार्रवाई होई। सीसीटीवी आ वीडियो फुटेज खंगालल जा रहल बा आ साक्ष्यन के आधार पs कार्रवाई होई। – रमित शर्मा, पुलिस कमिश्नर

विवि एक दिन खातिर पूर्ण रूप से बंद

ओने बवाल के चलते इविवि प्रशासन 20 दिसंबर के विवि पूरा तरे से बंद रखे के निर्णय लेले बा। बता दीं कि 17  दिसंबर से विवि में शीतकालीन अवकाश के चलते शिक्षण कार्य स्थगित बा। बाकिर विभागीय कार्य संपादित कइल जात रहे। हालांकि इस्थिति के देखते एक दिन खातिर विवि पूर्ण रूप से बंद करे के घोषणा कइल गइल बा।

कुछ उपद्रवी तत्वन द्वारा विवि गेट के ताला तुडे के कोसिस कइल गइल। रोकला पs ऊ लोग सुरक्षाकर्मियन से बदसलूकी आ मारपीट कइल। एकरा बाद उपद्रवियन द्वारा परिसर में तोड़फोड़ आ आगजनी कइल गइल। उपद्रवी विश्वविद्यालय के छात्र ना हs लोग। बवाल में दु गो शिक्षकन के कार क्षतिग्रस्त कइल गइल बा। पुलिस के एह पूरा घटनाक्रम के मूकदर्शक बनके देखल बहुते अफसोसजनक बा। विवि के कवनो गार्ड के तरफ से गोली ना चलावल गइल रहे। जबकि उपद्रवी तत्वन के ओर से हवाई फायरिंग कइल गइल। –डॉ. जया कपूर, पीआरओ इविवि

साभार: अमर उजाला

415050cookie-checkAllahabad University: छात्रन क पिटाई के बाद विवि में बवाल, तोड़फोड़ आ आगजनी, छात्रनेता समेत छव घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.