Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हाई अलर्ट : अतीक-अशरफ, हत्या के मामला में 17 पुलिसकर्मी निलंबित, पूरा राज्य में हाई अलर्ट

538
Google Ads 300*250 for posts

माफिया डॉन अतीक अहमद आ उनकर भाई अशरफ के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल बा। ई हत्या प्रयागराज में मेडिकल खातिर ले जाए के समय भइल। एह हत्याकांड के अंजाम देबे वाला 3 गो हमलावर के गिरफ्तार क लिहल गइल बा|
माफिया डॉन अतीक अहमद आ उनकर भाई अशरफ के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल बा। ई हत्याकांड प्रयागराज में चिकित्सा खातिर लियावत घरी गोली मार के कइल गइल। अपराधी अतीक के माथा छू के बंदूक चला दिहले। एह फायरिंग में अतीक आ ओकर भाई अशरफ के मउका पे मउत हो गइल। पुलिस मउका से 3 हमलावर के गिरफ्तार क लेले बिया, जवना के पहचान लवलेश तिवारी, अरुण मौर्य आ सनी के रूप में भईल बा। हालांकि पुलिस आयुक्त रमित शर्मा आरोपी के नाम बतावे से इनकार क देले। हमलावर फर्जी मीडिया के रूप में आइल रहले। अतीक पे हमला के दौरान हमलावर कई गो राउंड फायर कईले। ए घटना में एगो सिपाही के गोली से चोट लागल बा, जवना के नाम मान सिंह बतावल जाता।
राज्य में हाई अलर्ट, पूरा यूपी में धारा 144 लागू, उमेश पाल के घर पे सुरक्षा बढ़ल

पूरा यूपी में धारा 144 लागू हो चुकल बा आ घटना के बाद पूरा राज्य में हाई अलर्ट घोषित क दिहल बा। सगरी शहरन में पुलिस फ्लैग मार्च के आदेश दिहल गइल बा। एकरा अलावे उमेश पाल के घर के सुरक्षा भी बढ़ावल गईल बा। महत्व के बात इ बा कि खुद उमेश पाल हत्या के मामला में अतीक अहमद के गुजरात के साबरमती जेल से प्रयागराज ले आवल गईल रहे।

सीएम न्यायिक जांच आयोग के गठन के देले निर्देश

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रयागराज में भईल घटना के संज्ञान लेले। मुख्यमंत्री तुरंत उच्च स्तरीय बैठक बोलवले आ पूरा मामला के उच्च स्तरीय जांच के आदेश देले। मुख्यमंत्री ए मामला में तीन सदस्यीय न्यायिक आयोग (न्यायिक जांच आयोग) के गठन करे के निर्देश भी देले।

यूपी में सब पुलिसकर्मी के छुट्टी रद्द

घटना के बाद उत्तर प्रदेश के सभ पुलिसकर्मी के छुट्टी रद्द क दिहल गईल बा। एकरा संगे स्टेशन प्रभारी के अपने – अपने इलाका में जाए के आदेश दिहल गईल बा। लखनऊ के कई जगह सुरक्षा मजबूत हो गइल बा, आ संवेदनशील जिला में एडीजी आ आईजी कैंप लगाए वाला बाड़े।

प्रयागराज में धारा 144 लागू

अतीक आ अशरफ के हत्या के बाद के हालात के देखत प्रयागराज में धारा 144 लागू कर दिहल गइल बा | एकरा संगे सीएम योगी जांच टीम के गठन क देले बाड़े। तीन सदस्यीय न्यायिक आयोग एह मामिला के जाँच करी।

518870cookie-checkहाई अलर्ट : अतीक-अशरफ, हत्या के मामला में 17 पुलिसकर्मी निलंबित, पूरा राज्य में हाई अलर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.