-
रेडमी नोट 11 Qualcomm Snapdrgaon 680 SoC के संगे आवेला।
-
रेडमी नोट 11 S MediaTek Helio G96 SoC से लैस बा।
-
दुनों फोनन् में साइड माउंटेड फिंगरप्रिंट सेन्सर बा।
रेडमी नोट 11 आ रेडमी नोट 11s के भारत में 9 फरवरी के लॉंच कइल गइल। एकर मांग पिछिला कुछ महीना रेडमी के पसन करे आला यूजर करत रहल हs लो। दुनों फोन रेडमी के नोट 11 सीरीज के हs। ई दुनों फोन कव गो बेहतरीन एक सामान खूबियन के संगे आवेला जवना में 90Hz डिस्प्ल, चार गो रियर कैमरन के सेटअप आ एक जइसन तेज चार्ज के सपोर्ट संगे मिलेला। ई दुनों फोन के पानी आ गरदा से बाचे ला IP53 रेटिंग मिलल बा।
हमनी के एह लेख में, रेडमी नोट 11 आ रेडमी नोट 11S के कीमत आ खासियत के तुलना करेम जा-
रेडमी नोट 11 के कीमत भारत में 13,499 रुपिया (4 GB+ 64 GB) , 14,999 रूपिया (6 GB + 64 GB) आ 15,999 रूपिया (6 GB+ 128 GB)। एकरा के Horizon Blue, Space Black आ Starburst White रंगन में किनल जा सकेला।
रेडमी नोट 11S 16,499 (6 GB + 64 GB) , 17,499 (6GB +128 GB), 18,499 (8 GB + 128 GB) रूपिया में किने ला मवजूद बा। रेडमी नोट 11S Horizon Blue, Polar White आ Space Black रंगन में किनल जा सकेला।
Redmi Note 11, Redmi Note 11S के खासियत
रेडमी नोट 11S –
खास फीचरस
रेडमी नोट 11