[the_ad_group id="30365"]

झोरा में मछरी लेके महिला घर जात रहे… शिवसेना के नेता के बेटा बीएमडब्ल्यू से कुचल दिहलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई न्यूज : सबेरे साढ़े पांच बजे वर्ली के कोलीवाडा इलाका के ई जोड़ा मछरी मारे खातीर ससून डॉक गइल रहे। जब ऊ अपना पकड़ल मछरी लेके घरे लवटत रहले तs उनका दुपहिया गाड़ी के पीछे से तेज रफ्तार बीएमडब्ल्यू के धक्का मार दिहलस।

मुंबई के वर्ली में आज सबेरे एगो तेज रफ्तार बीएमडब्ल्यू दुपहिया वाहन पर सवार एगो जोड़ा के टक्कर मार दिहलस। ए दुर्घटना में एगो महिला के मौत हो गइल। सबेरे साढ़े पांच बजे वर्ली के कोलिवाडा इलाका के ई जोड़ा मछरी मारे खातीर सस्सून डॉक गइल रहे। जब ऊ अपना पकड़ल मछरी लेके घरे लवटत रहले तs उनका दुपहिया गाड़ी के पीछे से तेज रफ्तार बीएमडब्ल्यू के धक्का मार दिहलस।

टक्कर बहुत तेज रहे, जवना के चलते उनकर बाइक पलट गइल आ दुनो पति-पत्नी गाड़ी के बोनट पs गिर गइले। अपना के बचावे के हताश में पति बोनट से कूदे में कामयाब हो गइले। हालांकि उनकर पत्नी ओतना भाग्यशाली ना रहली। अराजकता के बीच चार पहिया गाड़ी के चालक घाही महिला के छोड़ के मौका से भाग गइल। घायल महिला के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां ओकरा के मृत घोषित क दिहल गइल। पुलिस के कहनाम बा कि, फिलहाल पति के इलाज चलता आ हिट एंड रन मामला के जांच शुरू कs दिहल गइल बा।

वर्ली पुलिस पालघर के शिवसेना (शिंदे) के स्थानीय नेता कार मालिक राजेश शाह के हिरासत में लेले बिया। पुलिस फरार चालक आ शाह के बेटा मिहिर शाह के हिरासत में लेले बिया, जवना के दुर्घटना के समय कार में सवार होखे के आशंका बा। पुलिस सीसीटीवी फुटेज स्कैन कs के पता लगावत बिया कि दुर्घटना के समय गाड़ी के चलावत रहे।

आदित्य ठाकरे पहुंचे वर्ली थाना

शिवसेना (यूबीटी) के नेता अवुरी विधायक आदित्य ठाकरे वर्ली थाना पहुंच के कहले कि ऊ ए घटना के कवनो राजनीतिक रंग नइखी दिहल चाहत। ठाकरे कहले कि, हम एकरा के राजनीतिक नइखी बनावल चाहत। ड्राइवर जे होखे ओकरा के गिरफ्तार कर लिहल जाव।” ऊ कहले कि, आरोपी भले ही ‘गद्दार’ गिरोह के होखे, बाकी हमनी के एकरा के राजनीतिक नइखी बनावल चाहत।” सीसीटीवी फुटेज से जानकारी निकले के बात पs जोर देत ठाकरे ए मामला में तुरंत कार्रवाई के मांग कइले।

मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे कड़ा कार्रवाई के भरोसा देले

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री ए मामला में कड़ा कार्रवाई के भरोसा देले बाड़े। ऊ कहले कि, ऊ कवना पार्टी के हवे, एकरा से कवनो फर्क नइखे पड़त। आरोपी के ना छोड़ल जाई।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]