[the_ad_group id="30365"]

लिट्टी-चोखा ना…अब लिट्टी-चिकन मचा रहल बा धूम, मात्र 50 रूपिया में भरपेट लीहीं मजा, स्वाद के कवनो जवाब नइखे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैरवा-सीवान मुख्य मार्ग के तितरा बाजार में इस्थित रंजन कुमार के दोकान चिकन आ लिट्टी खातिर फेमस बा। इहाँ महज ₹50 में स्वादिष्ट चिकन आ लिट्टी के आनंद लिहल जा सकऽता।

बदलत समय के साथे अब लिट्टी चोखा के मार्केट डाउन होत जा रहल बा। बिहार के सीवान में अब लिट्टी चोखा के बजाए, लोग लिट्टी आ चिकन पs ज्यादा फोकस कर रहल बाड़न। इहे वजह बा कि सीवान में ई दुनु लिट्टी आ चिकन के क्रेज काफी बढ़ गइल बा। लोग काफी दिलचस्पी के साथे लिट्टी चिकन के स्वाद लेके आनंदित हो रहल बाड़े। ओहिजा, सीवान में कुछ अइसन दुकानो बाड़ी सन जहाँ चिकन आ लिट्टी खातिर काफी फेमस बा। जहां सस्ते में भरपेट चिकन आ लिट्टी खिआवल जाला।

मैरवा-सीवान मुख्य मार्ग के तितरा बाजार में इस्थित रंजन कुमार के दोकान चिकन आ लिट्टी खातिर फेमस बा। इहाँ महज ₹50 में केहू स्वादिष्ट चिकन आ लिट्टी के आनंद ले सकऽता । यह दुकान 10 बरिस से चल रहल बा। इहाँ प्रतिदिन 20 से 25 किलो चिकन के खपत हो जाला। इहाँ मुख्य मार्ग होखे के कारण राहगीर रुक के काफी शौक से लिट्टी आ चिकन के स्वाद लेवेले। देसी तरिका से तैयार मसाला चिकन के स्वाद के राज बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]