Bihar New Traffic Rule: आ गईल परिवहन विभाग के नया नियम, ड्राइविंग लाइसेंस आ ऑनर बुक के लेके देलस बड़का अपडेट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 13, 2024

Bihar New Traffic Rule: बिहार में नया ट्रैफिक नियम आ गइल बा। राज्य में ड्राइविंग लाइसेंस आ ऑनर बुक के ऑनलाइन स्कैनिंग होई। एकरा से फर्जी लाइसेंस के आसानी से पहचान हो सकी। एकरा खातिर 

Share

Bihar New Traffic Rule: बिहार में नया ट्रैफिक नियम आ गइल बा। राज्य में ड्राइविंग लाइसेंस आ ऑनर बुक के ऑनलाइन स्कैनिंग होई। एकरा से फर्जी लाइसेंस के आसानी से पहचान हो सकी। एकरा खातिर  जरूरत के अनुसार स्कैनर लगावल जाई। यातायात नियम के उल्लंघन पऽ गाड़ी चालकन पऽ जुर्माना लगावला के बाद जरूरत के अनुसार तुरंत लाइसेंस के स्कैन कर के लाइसेंस रद्द करे के प्रक्रिया कइल जा सकी। ई काम ऑनलाइन हो सकी।

Bihar Driving Rule राज्य में ड्राइविंग लाइसेंस (Driving License) आ ऑनर बुक (Owner Book) के ऑनलाइन स्कैनिंग होई। एकरा से फर्जी लाइसेंस (Fake License) के आसानी से पहचान हो सकी। एकरा खातिर जरूरत के अनुसार स्कैनर लगावल जाई। सब यातायात चेकपोस्ट के साथे प्रमुख चौक-चौराहे पऽ एकर व्यवस्था होई।

मशीन पऽ लउकी कि गाड़ी केकरा नांव पऽ बिया

ए तकनीकी के जलदिए हर जिले में शुरू कइल जाई। परिवहन विभाग एकर शुरुआत खातिर ट्रायलो शुरू कर देले बा। स्कैनर के व्यवस्था के बाद फर्जी लाइसेंस आ ऑनर बुक देखावे वालन के पहचान कइल आसान होई। स्कैन के बाद तस्वीरो मशीन पऽ लउकी कि गाड़ी केकरा नाम पऽ बिया।

पुरनका ड्राइविंग कार्ड में चिप ना लगला से स्कैन कइला में परेशानी होता

एकर पूरा ब्योरा उपलब्ध रहीं। वर्तमान में यातायात आ परिवहन अधिकारियन के गाड़ी के जांच खातिर हैंड हेल्ड डिवाइस दिहल गइल बा, जवना से नियम तुड़े वाला वाहन चालकन से ऑनलाइन तुरंत जुर्माना काटल जा रहल बा।

ए डिवाइस से गाड़ी के डिटेल निकालल जा सकत बा, बाकिर लाइसेंस स्कैन ना हो पावत रहें। नया लाइसेंस में चिप के व्यवस्था कइल गइल बा, जवना से अब स्कैनो हो सकी। पुरानका ड्राइविंग कार्ड में चिप ना लागला से स्कैनो करे में परेशानी होत रहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.