Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सैमसंग ला रहल बा कम कीमत वाला दू शानदार स्मार्टफोन, 50MP कैमरा अउर 5000mAh के बैटरी से होई लैस

2,165

स्मार्टफोन ब्रांड सैमसंग भारत में एही महीना दूनो सस्ता फोन Samsung Galaxy A04 अउर Galaxy A04e को लॉन्च कs सकsता। एह दूनों फोन के 10 हजार से कम कीमत पर पेश कइल जा सकsता। बता देईं कि एह दूनहूँ स्मार्टफोन के पहिलही ग्लोबली मार्केट में पेश कइल जा चुकल बा। सैमसंग गैलेक्सी ए04 के संगे ऑक्टा कोर Exynos 85 प्रोसेसर अउर गैलेक्सी ए04ई के संगे ऑक्टा कोर प्रोसेसर के सपोर्ट मिली। दूनों फोन के संगे 5 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा सेंसर मिली।

Samsung Galaxy A04 अउर Galaxy A04e के संभावित विशेषता

हालांकि, अब ले कंपनी फोन के भारत में लॉन्च कइले के घोषणा नइखे कइले। ग्लोबल वेरियंट के अनुसार, सैमसंग गैलेक्सी ए04 अउर गैलेक्सी ए04ई के इंफिनिटी-वी नॉच के संगे पेश कइल जाई। दूनों फोन में 6.5 इंच के एचडी प्लस एलसीडी डिस्प्ले के संगे लॉन्च कइल जाई। डिस्प्ले के संगे 60 हर्ट्स के रिफ्रेश रेट मिली।

प्रोसेसर के बाद कइल जाव त सैमसंग गैलेक्सी ए04 के संगे ऑक्टा कोर Exynos 85 प्रोसेसर अउर गैलेक्सी ए04ई के संगे ऑक्टा कोर प्रोसेसर के सपोर्ट मिली। दूनों फोन्स के संगे 4 जीबी रैम के साथ 64 जीबी स्टोरेज के सपोर्ट मिली। स्टोरेज के माइक्रो एसडी कार्ड के मदद से बढ़ावल जा सकsता।

Samsung Galaxy A04 अउर Galaxy A04e के कैमरा अउर बैटरी

सैमसंग गैलेक्सी ए04 में 50 मेगापिक्सल प्राइमरी कैमरा अउर 2 मेगापिक्सल के डेप्थ सेकेंडरी कैमरा मिली। उहवें गैलेक्सी ए04ई में 13 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा अउर 2 मेगापिक्सल के डेप्थ सेंसर दिहल जाई। दूनों स्मार्टफोन्स के संगे 5 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा सेंसर मिली।

फोन के बैटरी क्षमता के बात कइल जाव त सैमसंग गैलेक्सी ए04 अउर गैलेक्सी ए04ई के संगे 5,000 एमएएच के बैटरी के सपोर्ट मिली। दूसर कनेक्टिविटी खातिर फोन में डुअल सिम सपोर्ट, 4G VoLTE, वाई-फाई, ब्लूटूथ 5.0, जीपीएस, यूएसबी-सी पोर्ट अउर 3.5mm हेडफोन जैक के सपोर्ट मिली।

411130cookie-checkसैमसंग ला रहल बा कम कीमत वाला दू शानदार स्मार्टफोन, 50MP कैमरा अउर 5000mAh के बैटरी से होई लैस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.