Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर के पुलिस लाइंस में खुली एंटी करप्शन थाना, सीएम योगी कs सकेने उद्घाटन

254

गोरखपुर के पुलिस लाइंस में एंटी करप्शन थाना जल्दिए चालू हो जाई। शासन के आदेश के बाद एकर निर्माण पूरा हो चुकल बा। पहिले इहां पर एंटी करप्शन के एगो इकाई रहल, जेकरे अधीन 18 जिला रहल। लेकिन, गोरखपुर के अलावा बस्ती में थाना बनले के बाद अब नौ जिला एह थाना क्षेत्र में होइहें। शनिचर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ एकर शुरुआत कर सकतनें।

जानकारी के मुताबिक, गोरखपुर एंटी करप्शन थाना में गोरखपुर, कुशीनगर, देवरिया, महराजगंज के अलावा आजमगढ़ अउर मऊ जिला भी आई। इहां ले एह थाना के क्षेत्र होई, जहां पs कार्रवाई होई। अभिन ले गोरखपुर में एंटी करप्शन के एगो इकाई रहल, जेमें एगो इंस्पेक्टर समेत करीब 8 लोग रहनें, एकरे जिम्मे गोरखपुर, महराजगंज, कुशीनगर, देवरिया, संतकबीर नगर, बस्ती, सिद्धार्थनगर, आजमगढ़, मऊ जिला के कार्यक्षेत्र रहल।

टीम ट्रैप कइले के बाद भ्रष्टाचार में पकड़ल गइल आरोपी के जहां से ओके पकड़ल जात रहे, ओसे संबंधित थाना के सौंप देत रहे अउर उहवाँ तहरीर दे के केस दर्ज करावत रहे। लेकिन, अब थाना बनले के बाद ऊ खुद अपने थाना में ही केस दर्ज कs के कार्रवाई कs सकी।

एक साल में 11 के पकड़लस, भेजलस जेल

एंटी करप्शन के गोरखपुर इकाई जनवरी 2022 से अब ले कुल 11 ट्रैप कइले बा। जेमे घूस लेहले के दौरान कई सरकारी कर्मचारी रंगे हाथ गिरफ्तार भइलें जे अभीनो जेल में बा। एंटी करप्शन प्रभारी संतोष कुमार दीक्षित बतवलें कि हमनीं के टीम नौ जिला में काम करतिया। 2022 में अब ले 11 ट्रैप कs के भ्रष्टाचार में लिप्त लोग के जेल भेजल गइल बा।

एंटी करप्शन टीम एह सब के पकड़लस

  • 27 अप्रैल के एआरओ कार्यालय से वरिष्ठ सहायक लेखाकार सुशील मौर्या के 10 हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
  • 17 जून के हरैया बस्ती के लेखपाल घनश्याम चौधरी के दस हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
  • 19 जून के महाराजगंज के लेखपाल सुभाष पटेल को 5 हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
  • 28 जुलाई के आजमगढ़ के लेखपाल अशोक कुमार उपाध्याय के 5 हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
  • 23 अगस्त के बस्ती के बिजली विभाग के जेई राघवेन्द्र प्रताप सिंह के 50 हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
  • 30 अगस्त के देवरिया बरहज तहसील के लेखपाल अशोक कुमार पांडेय के 5 हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
  • 23 सितंबर के देवरिया बिजली विभाग के बड़ बाबू उग्रसेन सिंह के 5 हजार के संगे ट्रैप कइलस।
  • 23 नवंबर के बस्ती बिजली विभाग के जेई राजेश प्रजापति अउर प्राइवेट पर्सन राहुल कुमार के 10 हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
  • 30 नवंबर के मऊ विकास भवन के ग्राम विकास अधिकारी अमरेश सिंह के 20 हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
  • 6 दिसंबर के मधुबन, शिव मंदिर के संग्रह अमीन राजेश लाल के 15 हजार रुपया के संगे ट्रैप कइलस।
406720cookie-checkगोरखपुर के पुलिस लाइंस में खुली एंटी करप्शन थाना, सीएम योगी कs सकेने उद्घाटन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.