Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मिलीं इनसे, हर रोज छह घंटा भूक्खे रहि के 700 दिन से कs रहल बानें सत्याग्रह, जानीं का बा सरकार से मांग

205

बड़ लड़ाई खातिर कठिन रास्ता पर चले के पड़sला। इनसे हौसला मजबूत होला। ई कहनाम बा कि पिछले 23 महीना से रोज छह घंटा भूखे रह के सत्याग्रह करत आ रहल सशक्त समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष बैजनाथ यादव के। भदोही जिले के विकास, जातिगत जनगणना अउर पिछड़ा वर्ग के आरक्षण देहले सहित नौ मांग खातिर नागमलपुर स्थित कैंप कार्यालय पर सत्याग्रह कs रहल बैजनाथ मंगर से कलेक्ट्रेट परिसर में सत्याग्रह करिहें।

20 दिसंबर 2020 के ऊ अपने कैंप कार्यालय पर बैठ के अनिश्चितकालीन सत्याग्रह शुरू कइले रहनें। ऊ दिन ह अउर आज के दिन, उनकर सत्याग्रह हर रोज चलत आ रहल बा। हर रोज ऊ सुबह 11 बजे से साँझ पांच बजे ले लगातार छह घंटा भूखे रह के आंदोलन के गति देनें।

एतना दिन के आंदोलन के कुछउ परिणाम न निकलले के सवाल पर ऊ कहलें कि एतना दिन में खाली 25 फरवरी 2021 के पिछड़ा वर्ग आयोग के सचिव के एगो लेटर आइल बा। एमें उनके मांग पर विचार खातिर उच्चाधिकारियन के सूचित करे के बात बतावल गइल बा। एकरे बाद केहू कौनो खबर नाइ लिहल, अलबत्ता हर रोज एलआईयू के रिपोर्ट जरूर लागsला।

ऊ बतवलें कि ज्ञानपुर-दुर्गागंज के जर्जर रोड खातिर 2018 में 83 दिन, 12 जनवरी के लखनो में बर्निंग वैन हादसे के बचवन के न्याय दियावे खातिर 31 दिन अउर 2001 में प्रयागराज हाईकोर्ट के सामने कोर्ट के बंटवारा न होखे देवे खातिर लगातार 87 दिन ले आंदोलन कइले रहनें।

एह सब आंदोलन में ऊ जीत हासिल कइले बानें। एमें भी उनके सफलता मिली। बतवलें कि मंगर से उ कलेक्ट्रेट परिसर में अनिश्चितकालीन सत्याग्रह करिहें।

387040cookie-checkमिलीं इनसे, हर रोज छह घंटा भूक्खे रहि के 700 दिन से कs रहल बानें सत्याग्रह, जानीं का बा सरकार से मांग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.