[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-NCR में सांस के संकट, कई इलाकन में AQI 400 के पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मंगल के सबेरे दिल्ली में बहुते इलाकन में हवा के गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) 400 से ऊपर दर्ज भइल जवन ‘गंभीर गरीब’ श्रेणी में आवेला. जवना क्षेत्र में हवा के गुणवत्ता ‘गंभीर’ श्रेणी में बनल रहे, ओहिजा अशोक विहार,  द्वारका, जहांगीरपुरी, मुंडका, एनएसआईटी द्वारका, नजफगढ़, आनंद विहार, रोहिणी, वजीरपुर अवुरी विवेक विहार शामिल रहे। जबकि आजु सबेरे गुरुग्राम में एक्यूआई 320 आ नोएडा में 312 दर्ज भइल. दिल्ली के पर्यावरण मंत्री गोपाल राय सोमार के कहले रहले कि दिल्ली में हवा के गति कम होखला के चलते वायु प्रदूषण बढ़ता। राय कहले कि उs मंगल के शीतकालीन कार्य योजना के तहत अलग-अलग विभाग अवुरी एजेंसी के ओर से कईल गईल सभ ​​माप के समीक्षा करीहे।

ओने देश के दोसरा जगहा सोमार के दिने बहुते जगहा एक्यूआई के स्तर “बहुत खराब” श्रेणी में दर्ज भइल. सोमार के दिने दिल्ली में देश के दुसरका सबले खराब एक्यूआई दर्ज भइल आ ओकरा बाद उत्तर प्रदेश के नोएडा, हरियाणा के मानेसर, कैथल आ हिसार आ बिहार के हाजीपुर में हवा के गुणवत्ता “बहुत खराब” श्रेणी में दर्ज भइल. राजस्थान के श्रीगंगानगर में देश के सबसे खराब एक्यूआई दर्ज भइल.

शून्य से 50 के बीच एक्यूआई ‘अच्छा’ होला.

51 से 100 के बीच ‘संतोषजनक’.

101 से 200 के बीच ‘मध्यम’.

201 से 300 के बीच ‘खराब’.

301 से 400 के बीच ‘बहुत खराब’.

401 से 450 के बीच ‘गंभीर’.

450 से ऊपर ‘अत्यंत गंभीर’ मानल जाला.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]