यूरोप के एs फेमस देश में भूकंप के भयंकर झटका, 5 मिनट में दु बेर हिलल धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 4, 2024

      यूरोप के मशहूर देश ग्रीस के धरती अतवार के दिने आइल भयंकर भूकंप से हिल गइल. उत्तरी ग्रीस में अतवार के साँझ 5.2 तीव्रता के भूकंप महसूस भइल. डरावना बात इs रहे

Share

यूरोप के एs फेमस देश में भूकंप के भयंकर झटका

 

 

 

यूरोप के मशहूर देश ग्रीस के धरती अतवार के दिने आइल भयंकर भूकंप से हिल गइल. उत्तरी ग्रीस में अतवार के साँझ 5.2 तीव्रता के भूकंप महसूस भइल. डरावना बात इs रहे कि पहिला भूकंप के करीब 4 मिनट बाद दूसरा तेज झटका आईल। दूसरा भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.2 नापल गईल। एक के बाद एक दुगो भूकंप से लोग के मन में डर भर गईल बा।

ग्रीस के एह इलाका में भूकंप आइल 

एथेंस इंस्टीट्यूट ऑफ जियोडायनामिक्स के जानकारी बा कि अतवार के दिने आइल भूकंप ग्रीस के दुसरका सबले बड़का शहर थेसालोनिकी से करीब चालीस किलोमीटर दक्षिण-पूर्व में चालकीदिकी प्रायद्वीप के तट पs आइल बा. भूकंप के पहिला झटका स्थानीय समय के सांझ 7:03 बजे आईल बा। एकरा संगे दुसरका झटका करीब 4 मिनट के बाद आईल। भूकंप के केन्द्र जमीन के नीचे 15.9 किलोमीटर गहराई पs रहे।

शनिचर के भी भूकंप आइल रहे

चालकीदिकी प्रायद्वीप क्षेत्र के पुलिस आ दमकल विभाग के ओर से जानकारी दिहल गईल बा कि इलाका में आईल एs भूकंप के चलते अबे ले कवनो नुकसान के सूचना नईखे मिलल। उत्तरी ग्रीस के एगो बड़हन हिस्सा में भूकंप के झटका महसूस भइल बा. बता दीं कि शनिचर के दिने एही इलाका में 3.9 तीव्रता के भूकंप आइल रहे. एकरा चलते जनता में डर पसर गईल बा।

 

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.