[the_ad_group id="30365"]

सुप्रीम कोर्ट यूपी मदरसा बोर्ड एक्ट के संवैधानिक घोषित कइलस, हाई कोर्ट के फैसला खारिज

मदरसा पs सुप्रीम कोर्ट के बड़ फैसला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

यूपी के मदरसा एक्ट संवैधानिक बा कि असंवैधानिक एह पs सुप्रीम कोर्ट के तीन गो जज के पीठ यूपी मदरसा एक्ट पs आपन फैसला सुनवले बिया. सुप्रीम कोर्ट यूपी मदरसा वार्ड एक्ट 2004 के संवैधानिक घोषित कs के यूपी मदरसा बोर्ड के संवैधानिकता के कायम रखले बा। बता दीं कि एकरा से पहिले 22 मार्च के इलाहाबाद हाईकोर्ट के लखनऊ पीठ यूपी मदरसा बोर्ड एक्ट के असंवैधानिक घोषित कs देले रहे अवुरी सभ छात्र के जनरल स्कूल में नामांकन करावे के आदेश देले रहे।

सुप्रीम कोर्ट 5 अप्रैल के हाईकोर्ट के फैसला पs रोक लगा देलस। एकरा बाद सुप्रीम कोर्ट में विस्तृत सुनवाई भईल। एकरा बाद मुख्य जस्टिस डीवाई चंद्रचूड़, जस्टिस जेबी पारदीवाला अवुरी मनोज मिश्रा के पीठ 22 अक्टूबर के आपन फैसला सुरक्षित रखले रहे।

सुप्रीम कोर्ट के एह फैसला से यूपी के 16000 से अधिका मदरसा में पढ़े वाला 17 लाख छात्रन के भविष्य पs असर पड़ी.

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]