[the_ad_group id="30365"]

Taj Mahal: जवन पार्क से दिखाई देत रहे ताज के सबसे खूबसूरत झलक, ओकरा पs किसान ठोकलस दावा, एंट्री पs लगवलस रोक

Taj Mahal
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ताजमहल के लगे एगारह सीढ़ी पार्क के लेके विवाद पैदा हो गईल बा। इहाँ के एगो किसान दावा कईले बा कि एs पार्क में जमीन के कुछ हिस्सा उनुकर हs। किसान के कहनाम बा कि इs उनुकर पैतृक जमीन हs अवुरी लंबा कानूनी लड़ाई लड़ला के बाद कोर्ट उनुका के एकरा पs मालिकाना हक दे देले बिया। बता दीं कि यमुना के किनारे बनल एह पार्क से ताजमहल के सूर्यास्त के नजारा देखे खातिर भारी संख्या में पर्यटक आवेले।

अंग्रेजी अखबार टाइम्स ऑफ इंडिया के मुताबिक कछपुरा निवासी किसान मुन्ना लाल के कहनाम बा कि उs पार्क के भीतरी छह बीघा जमीन खातीर चालीस साल के कानूनी लड़ाई जीत लेले बाड़े। लाल एह जमीन के ट्रैक्टर से जोत देले बाड़े। एकरा अलावे इs लोग एs जमीन के चारो ओर तार से घेरले बाड़े। बैरिकेड भी लगावल गईल बा। उs लोग एs जगह पs आम जनता के प्रवेश पs रोक लगा देले बाड़े।

अब जाँच होई, आगरा मंडल आयुक्त ऋतु महेश्वरी कहले कि इs जमीन आगरा विकास प्राधिकरण (एडीए) के अधिकार क्षेत्र में आवेला। संगही उs कहले कि पूरा मामला के जांच हो रहल बा। एह पार्क के रखरखाव एडीए द्वारा कइल जाला। ई ऐतिहासिक पार्क मेहताब बाग के लगे बा। एडीए के उद्देश्य एह पार्क के एगो आकर्षक मनोरंजन आ सांस्कृतिक केंद्र के रूप में विकसित कइल बा।

मुगल सम्राट हुमायूँ से विशेष संबंध

एह पार्क में 2023 में ताज महोत्सव के आयोजन भइल रहे। एकरा अलावा 1997 में इहाँ ग्रीक संगीतकार यान्नी के एगो कॉन्सर्ट के आयोजन भी भइल। मुगल सम्राट हुमायूँ एह पार्क के वेधशाला के रूप में इस्तेमाल करत रहले। भारतीय पर्यटक गाइड फेडरेशन के राष्ट्रीय महासचिव शकील चौहान कहले कि, ‘सूरज ढलला के समय ताजमहल में आवे वाला लोग के भीड़ बा।’ बाकिर एह नया विवाद से अब बहुते सवाल उठल बा.

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]