केंद्र सरकार विकिपीडिया के भेजलस नोटिस, जानीं का बा वजह

Minee Upadhyay
केंद्र सरकार विकिपीडिया के भेजलस नोटिस

 

 

केंद्र सरकार विकिपीडिया के नोटिस भेजले बिया। एह नोटिस में केंद्र सरकार लिखले बिया कि विकिपीडिया से दिहल जानकारी में एकतरफा लेखन आ भ्रामक जानकारी के लेके बहुत शिकायत मिलल बा। केंद्र पूछले बा कि एकरा के मध्यस्थ ना होके पब्लिशन के रूप में काहे ना मानल जाए। केंद्र विकिपीडिया से जवाब मंगले बा।  सूचना आ प्रसारण मंत्रालय कहल बा कि विचार ई बा कि एगो छोट समूह अपना पृष्ठन पs संपादकीय नियंत्रण राखे.

बता दीं कि विकिपीडिया अपना के एगो मुक्त ऑनलाइन विश्वकोश बतावेला, जहाँ कुछ भी पता लगावल जा सकेला।  व्यक्तित्व, मुद्दा भा बिबिध बिसय सभ पs पेज बना सके ला आ संपादित कs सके ला। जानकारी के एह ऑनलाइन स्रोत के भारत में एह से दिहल भ्रामक जानकारी खातिर कानूनी मामिला के सामना करे के पड़त बा.

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।