रूसी राजदूत अलीपोव के चेतावनी, पाकिस्तान से हथियार यूक्रेन भेजे के बात भइल सही त बिगड़ जाई रिश्ता
भारत में रूस के राजदूत डेनिस अलीपोव पीएम मोदी के एह कथन कि ‘ई जुद्ध के समय नाइ बा‘ के भारत के दृष्टिकोण के मुताबिक बतवले बानें। एकरे सथही उ पाकिस्तान से यूक्रेन के हथियार भेजे के खबर पर कहलें कि अगर ई बात सही पावल गइल त दूनों देश के रिश्ता खराब होई।
बीतल दिन पीएम मोदी अउर रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के एससीओ शिखर बैठक के मौका पर उज्बेकिस्तान के समरकंद में भेंट भइल रहे। एहमें पीएम मोदी पुतिन से यूक्रेन जंग खत्म कइले के निहोरा करत कहलें कि ई जंग के समय नाइ बा। एकरे सथही एह जंग के कारन उत्पन्न खाद्यान्न अउरी ऊर्जा संकट, उर्वरक संकट के समाधान के भी निहोरा कइले रहने।
पीएम मोदी के पुतिन से अपील के बारे में पुछले पs रूसी राजदूत अलीपोव कहलें कि ई अनुरोध यूक्रेन जंग के मुद्दा पर भारत के स्थिति के अनुरूप बा। पश्चिमी देश खाली ओही बात के जिक्र करेने, जौन उनके अनुरूप होला। पीएम के अपील के विश्व के नेता के एगो वर्ग पुतिन के मोदी के फटकार के रूप में प्रचारित कइल गइल रहे।
…त पाकिस्तान से रिश्ता पs उल्टा असर पड़ी
पाकिस्तान के ओर से यूक्रेन के हथियार भेजे के खबर पर अलीपोव कहलें कि अगर अइसन भइल बा त एकर पाकिस्तान के संगे रूस के संबंध पर उल्टा असर पड़ी। अलीपोव कहलें कि एह बारे में अभिन पूरा खबर नाइ आइल बा। अगर ई बात सही साबित होता त पाकिस्तान के साथ हमनीके संबंध पs सचहूँ असर पड़ी।
Comments are closed.