Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Nikay Chunav Result: केकरा माथे सजी ताज, फैसला आज, 760 निकायन के चुनाव के होई मतगणना

1,122

UP Nikay Chunav 2023 Vote Counting, Election Result : शहर के सरकार बनावे में केकरा माथे ताज सजी, एकर फैसला आज होई। 760 नगर निकायन में डालल गइल वोटन के मतगणना प्रदेश भर में सनीचर के कइल जाई। एक महीना से जादे समय तक एह चुनाव में जुटल राजनीतिक दलन आ उम्मीदवारन में केकर मेहनत रंग ले आई एकर आज पता चला जाई। 14521 पदन के खातिर 83372 उम्मीदवार चुनावी समर में उतरल रहे लो। बाकिर जीत के स्वाद के चखी, ई आज पता चली।

छव नगर निगम के लेके भाजपा चिंतित

सांकेतिक तस्वीर

प्रदेश के 17 नगर निगम में भइल चुनाव में भाजपा सहारनपुर, बरेली, अलीगढ़, मेरठ, मुरादाबाद आ आगरा नगर निगम के के लेके चिंतित बिया।। सूत्रन के मोताबिक पन्ना प्रमुख एप के माध्यम से आइल आंकड़ों से संकेत मिल रहल बा कि एह नगर निगमन में भाजपा के कड़ी चुनौती के सामना करे के पड़ सकत बा।

ईवीएम आ मतपत्र दुनो से आई नतीजा

ईवीएम

 

विपक्षी दल अभी ले भाजपा पs ईवीएम में गड़बड़ी कs के चुनाव जीते के आरोप लगावत रहल बाड़ी सs। नगर निकाय चुनाव में नगर निगम के चुनाव ईवीएम के जरिये भइल बा। ओहिजा नगर पालिका परिषद आ नगर पंचायत के चुनाव मतपत्र के जरिये भइल बा। अइसन में चुनाव परिणाम में जदि नगर निगम के संगे नगर पालिका आ नगर पंचायतन में भाजपा के बढ़त मिलत बा तs विपक्ष पs हमलावर होखे के मवका मिली। ओहिजा जदि विपक्षी दल नगर पंचायत, नगर पालिका परिषद में बढ़त बनावत बा तs ऊ सत्तारूढ़ दल के फेर घेरे के कोसिस करी।

साभार: अमर उजाला

543820cookie-checkUP Nikay Chunav Result: केकरा माथे सजी ताज, फैसला आज, 760 निकायन के चुनाव के होई मतगणना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.