पीएम आवास पs एनडीए के बैठक जारी, नीतीश कुमार, चंद्रबाबू नायडू, चिराग पासवान, एकनाथ शिंदे भी मौजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2024

    प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आवास पs एनडीए के बैठक शुरू हो गईल बा। एs बैठक में एनडीए के घटक दल के सभ नेता मौजूद बाड़े। जेडीयू के नीतीश कुमार, टीडीपी के चंद्रबाबू नायडू,

Share

 

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आवास पs एनडीए के बैठक शुरू हो गईल बा। एs बैठक में एनडीए के घटक दल के सभ नेता मौजूद बाड़े। जेडीयू के नीतीश कुमार, टीडीपी के चंद्रबाबू नायडू, लोकजनशक्ति पार्टी के नेता चिराग पासवान, आरएलडी प्रमुख जयंत चौधरी, शिवसेना (शिंदे) एकनाथ शिंदे अवुरी पवन कल्याण भी मौजूद बाड़े। जनसेना पार्टी के नेता पवन कल्याण पीएम आवास पs पहुंचले।  आजसू प्रमुख सुदेश महतो भी पहुंचे।

दिल्ली पहुंचला के बाद महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे कहले कि, नरेंद्र मोदी जी के लगे पीएम बनावे खातीर जेतना सांसद के जरूरत बा, ओतने सांसद बाड़े अवुरी असल में संख्या एकरा से जादे बा। मोदी जी के नेतृत्व में एनडीए सरकार बनी। हम उनका के आपन समर्थन आ शुभकामना देबे आइल बानी. जेकरा लगे आंकड़ा आ बहुमत नइखे ऊ सरकार बनावे के बात करेला, ई सब मुंगेरी लाल के हसीन सपना हs।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.