पश्चिम बंगाल के नॉर्थ 24 परगना से बड़ खबर आ रहल बा। नार्थ 24 परगना के टीटागढ़ फ्री हाई स्कूल के छत पर बम फटले के खबर बा मीडिया रिपोर्ट के अनुसार एह धमाका में बिल्डिंग के छत गिर गइल बा। धमाका आजु दोपहर करीब 12:15 बजे भइल।
बतावल जा रहल बा कि ओ समय बगल वाली बिल्डिंग में कक्षा चलत रहे। बम फटला के बाद छात्र-छात्रा लोग में दहशत के माहौल बा। स्कूल बैरकपुर औद्योगिक क्षेत्र के पास बा। पुलिस मौका पर पहुंच गइल बा अउरी जांच कs रहल बा कि बम केहू बहरा से फेंकल ह आ कि छत पर रखल रहे। ऊ बम के टुकड़ा बरामद कs लेहले बानें।
3331800cookie-checkपश्चिम बंगाल के नॉर्थ 24 परगना में स्कूल पर बम से हमला, धमाका में उड़ गइल बिल्डिंग के छत, मौका पs पहुंचल पुलिस
Comments are closed.