एयर इंडिया के फ्लाइट के IGI एयरपोर्ट पs इमरजेंसी लैंडिंग, अचानक बाजे लागल रहे फायर अलार्म

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2024

दिल्ली के इंदिरा गांधी इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs ओह समय हलचल बढ़ गइल जब बेंगलुरु जाये वाला एयर इंडिया के फ्लाइट के इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल। विमान के एयर कंडीशनिंग यूनिट में आग लगला के

Share

दिल्ली के इंदिरा गांधी इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs ओह समय हलचल बढ़ गइल जब बेंगलुरु जाये वाला एयर इंडिया के फ्लाइट के इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल। विमान के एयर कंडीशनिंग यूनिट में आग लगला के आशंका के बाद एयर इंडिया के AI 807 फ्लाइट के सुक के सांझ छव बजे आईजीआई एयरपोर्ट पs इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल।एह दौरान विमान में 175 यात्री सवार रहे लो, जे सुरक्षित बा।

जानकारी के मोताबिक विमान बेंगलुरु गइला खातिर उड़ान भरले रहे, बाकिर कुछ देर बादे विमान के फायर अलार्म बाजे लागल। एकरा बाद विमान के वापस आईजीआई एयरपोर्ट इमरजेंसी लैंडिंग खातिर ले आवल गइल। एह दौरान पायलट लोग एटीसी से संपर्क कइल आ इमरजेंसी लैंडिंग के अनुमति मांगल। एकरा बाद विमान सुरक्षित लैंडिंग कइलस। एमे सवार यात्रियन के बेंगलुरु जाये खातिर वैकल्पिक बेवस्था कइल गइल।

घटना के लेके एयर इंडिया बयान जारी कइलस। एमे कहल गइल बा कि दिल्ली से बेंगलुरु जा रहल एयर इंडिया के फ्लाइट AI807 आग के चेतावनी के बाद सांझ को दिल्ली वापस लवट आइल। एकर सुरक्षित लैंडिंग करावल गइल। एमे सवार सब यात्री आ चालक दल सुरक्षित रूप से एयरोब्रिज पs बाहर उतर गइल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.