Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Russia-Ukraine: यूक्रेन में आउर गहराइल बिजली संकट, आज से बंद रही आपूर्ति, खेरसॉन प कमजोर पड़ल रूसी पकड़

रूस बिजली उत्पादन के सुविधा पूरा तरे से ध्वस्त क देले बा। एहिसे 20 अक्टूबर माने आज पूरा यूक्रेन में बिजली आपूर्ति सबेरे 7 बजे से रात 11 बजे तक बंद रही।

1,290

रूस के लगातार जारी मिसाइल हमलन आ गोलाबारी से यूक्रेन के गांव, कस्बा आ कुछ शहर बिजली के बिना अंधकार में डूब गइल। रूस ऊर्जा प्रतिष्ठानन प ताबड़तोड़ हमला क के पूरा तरे नष्ट क देले बा, एकरा के देखत यूक्रेन आज देशभर में बिजली के आपूर्ति के बंद करे के फसीला कइले बा।

एकरा पहिले, यूक्रेन के राष्ट्रपति वलोडिमिर जेलेंस्की बिजली आ ऊर्जा उत्पादन प चर्चा करे के लेके वरिष्ठ ऊर्जा अधिकारियन से मुलाकात कइले रहे। जेलेंस्की बतवले कि यूक्रेन के 30 फीसदी बिजली स्टेशन रूसी हमलन से प्रभावित बा, जवना से देश में ऊर्जा संकट पैदा हो गइल बा।

जेलेंस्की कार्यालय के एगो वरिष्ठ अधिकारी कहले कि रूस बिजली उत्पादन के सुविधा के पूरा तरे से ध्वस्त क देले बा। एहिसे 20 अक्टूबर के समूचा यूक्रेन में बिजली आपूर्ति रोक दिहल जाई। आगे ऊ बतवले कि ई एगो उपाय ह। बिजली सबेरे 7 बजे से रात 11 बजे तक बंद रही। ऊ कहले कि बिजली के उपयोग कम से कम कइल जरूरी बा।

खेरसॉन पकमजोर पड़ल रूसी पकड़

रूसी सेना जहां मंगर के खारकीव क्षेत्र के खो चुकल कुछ क्षेत्रन प दोबारा कब्जा करे के दावा कइलस, ओहिजा बुध के रूस के हमला कमांडर कहले कि उनकर सेना के खेरसॉन में पकड़ कमजोर करे के लेके कठोर फसीला के सामना करे के पड़ सकत बा।

ओने, रूस-ईरान गठजोड़ के निकटता के एगो आउर संकेत दिखाई दिहल, जेमे तेहरान ओकरा से किनल गइल ड्रोन बेड़ा के साथ आवे वाला समस्या दूर करे खातिर अपना प्रशिक्षकन के मॉस्को भेजे के निर्णय लेले बा। ईरान रूस के आउर ड्रोन सप्लाय करे के आश्वासनो देले बा।

मॉस्को द्वारा हमला खातिर नियुक्त शीर्ष कमांडर जनरल सर्गेई सुरोविकिन यूक्रेन के चार कब्जा वाला जिलन से नागरिकन के निकाले के घोषणा के कुछ मिनट बाद स्वीकार कइले कि खेरसॉन क्षेत्र में हालात कठिन हो गइल बा। यूक्रेनी सेना धीरे-धीरे खेरसॉन के राजधानी शहर के तरफ बढ़ रहल बिया, जेकर मकसद रूसियन के नीप्रो नदी के पार खदेड़े के बा।

ओने, क्षेत्रीय व्यवसाय प्रशासन के प्रमुख व्लादिमीर साल्दो कहले कि निवासियन के नीप्रो नदी के पश्चिम में चार जिलन से निकालल जाई। साल्दो के क्रेमलिन खेरसॉन क्षेत्र के गवर्नर नियुक्त कइल गइल बा। रूसी सैन्य बल के प्रमुख जनरल सुरोविकिन मनले बाड़े कि रूसी सेना लोगन के निकासी में मदद करी।

मौन स्वीकृति के साथ मनले कि खेरसॉन से पीछे हटल जरूरी हो सकत बा। ओने, ईरान प्रशिक्षक क्रीमिया में एगो रूसी सैन्य अड्डा प काम कर रहल बा। इहां रूस के यूक्रेन के खिलाफ हमला खातिर मिलल ड्रोन रखल गइल बा। पेंटागन के पूर्व वरिष्ठ अधिकारी सीआईए मिक मुलरॉय कहले कि यूक्रेन में ईरान ड्रोन आ प्रशिक्षकन के भेजे के योजना बना चुकल बा। एसे आवे वाला दिनन में यूक्रेनी शहरन प ड्रोन हमला आउर भीषण हो सकत बा।

रूस के ताबड़तोड़ हमलन से यूक्रेन में विद्युत संकट आउर गहराइल

यूक्रेन के अधिकारी लोग बतावल, कीव के झुकावे खातिर मॉस्को ओकरा ऊर्जा प्रतिष्ठानन प ताबड़तोड़ हमला कर रहल बा। एनरहोदर के मेयर दिमित्रो ओरलोव कहले कि शहर में बिजली आ पानी के केंद्रन के निशाना बनावल गइल बा। क्षेत्रीय गवर्नर बतवले कि यूक्रेन के दक्षिण-मध्य क्षेत्र में स्थित क्रीवयी रिह में एगो बिजली संयंत्र मिसाइल हमलन से बुरा तरे नष्ट हो गइल।

रूस अलास्का भेजलस बमवर्षक जेट, अमेरिका खदेड़लस

यूक्रेन के लगातार मदद कर रहल अमेरिका के धमकावे के मकसद से रूस अमेरिकी प्रांत अलास्का सीमा के लगे आपन दु गो परमाणु बॉम्बर भेजले बा। रूस के एह कार्रवाई के बाद अमेरिकी वायुसेना एफ-16 फाइटर जेट के दउरवलस आ रूसी टीयू-95 बॉम्बर के अमेरिकी हवाई क्षेत्र से दूर खदेड़ दिहल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि रूस आ अमेरिका के बीच ई उकसावे के कार्रवाई सोमार के भइल। अलास्का के सीमा कनाडा से लागल बा।

357850cookie-checkRussia-Ukraine: यूक्रेन में आउर गहराइल बिजली संकट, आज से बंद रही आपूर्ति, खेरसॉन प कमजोर पड़ल रूसी पकड़

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.