[the_ad_group id="30365"]

आज के इतिहास ; जानि भारत के बंटवारा से 3 जून के का संबंध बा?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के बंटवारा के एह घटना के ‘जून थ्री प्लान’ भा ‘माउंटबेटन प्लान’ के नाम से जानल जाला। देश में दंगा होखत रहे आ केंद्र के अंतरिम कांग्रेस सरकार ए स्थिति प काबू ना राख पवलस, काहेंकी कानून व्यवस्था के मामला प्रांत के संगे रहे।

3 जून के दिन इतिहास में भारत के इतिहास आ भूगोल के बदले वाला दिन के रूप में दर्ज बा। साल 1947 के आज के दिन ब्रिटिश राज के तहत भारत के अंतिम वायसराय लार्ड माउंटबेटन देश के बंटवारा के घोषणा कईले रहले। भारत के बंटवारा के एह घटना के ‘जून थ्री प्लान’ भा ‘माउंटबेटन प्लान’ के नाम से जानल जाला। देश में दंगा होखत रहे अवुरी केंद्र के अंतरिम कांग्रेस सरकार ए स्थिति पs काबू ना राख पवलस, काहेंकी कानून व्यवस्था के मामला प्रांत के संगे रहे। एही से राजनीतिक अउरी साम्प्रदायिक गतिरोध के खतम करे खातिर ‘3 जून योजना’ अस्तित्व में आईल जवना में भारत के बंटवारा अउरी भारत आ पाकिस्तान के सत्ता के हस्तांतरण के विस्तार से जानकारी दिहल गइल रहे|

देश आ दुनिया के इतिहास में 3 जून के तारीख के दर्ज अन्य प्रमुख घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

  • 1867 : भारत के मशहूर शिक्षाविद, राजनीतिज्ञ, समाज सुधारक, न्यायविद् आ साहित्यकार हरविलास शारदा के जनम।
  •  1901 : ज्ञानपीठ पुरस्कार के पहिला विजेता महान कवि जी शंकर कुरूप के जन्म।
  •  1915 : ब्रिटिश सरकार रवींद्रनाथ टैगोर के शूरवीर के उपाधि दिहलस।
  •   1924 : तमिलनाडु के पांच बार के मुख्यमंत्री एम करुणानिधि के जन्म।
  •  1930 : भारत में ऐतिहासिक रेल हड़ताल के आयोजन करे वाला आ रक्षा मंत्री रहल जॉर्ज फर्नांडिस के जनम।
  •  1943 :संयुक्त राष्ट्र राहत आ पुनर्वास प्रशासन के स्थापना कइलसि.
  •  1947 : ब्रिटिश राज के तहत भारत के अंतिम वायसराय लार्ड माउंटबेटन भारत के बंटवारा के घोषणा कइले।
  •  1959 : सिंगापुर के स्वशासित राज्य घोषित कइल गइल ।
  •  1972 : देश के पहिला आधुनिक युद्धपोत नीलगिरी के देश के तत्कालीन प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी द्वारा प्रक्षेपित कइल गइल।
  •  1974 : बिहार के मुख्यमंत्री आ स्वतंत्रता सेनानी कृष्ण बल्लभ सहाय के निधन।
  •  1985 : भारत सरकार पांच दिन के कार्य सप्ताह शुरू कइलस
  •  1999 : होवरक्राफ्ट विमान के आविष्कारक क्रिस्टोफर कॉकरिल के निधन ।
  •  2005 : फ्रांस सुरक्षा परिषद में भारत के दावा के समर्थन दोहरवलस ।
  •  2014 : पूर्व केंद्रीय मंत्री गोपीनाथ मुंडे के सड़क दुर्घटना में मौत हो गईल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]