Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साइरस मिस्त्री के अंतिम संस्कार आज मुंबई में, परंपरा बदली परिवार

वरली शवदाह गृह 2015 में खुलल रहे। तबे से बड़ संख्या में मुंबई के पारसी समुदाय के लोग अपना दिवंगत परिजनन के गिद्धन के खाये खातिर 'टावर ऑफ साइलेंस' पs रखला के बजाय दाह संस्कार करे ले तरजीह दे रहल बा।

717

उद्योगपति आ टाटा संस के पूर्व चेयरमैन साइरस पलोनजी मिस्त्री के अंतिम संस्कार मंगर माने आज कइल जाई। उनका परिवार के लोग ई जानकारी दिहल। मिस्त्री (54) के अतवार के मुंबई से 120 किलोमीटर दूर पालघर के लगे सड़क दुर्घटना में मौत हो गइल रहे। उनकर अंतिम संस्कार वरली शवदाहगृह में आज पूर्वाह्न 11 बजे कइल जाई। वरली शवदाह गृह 2015 में खुलल रहे। तबे से बड़ संख्या में मुंबई के पारसी समुदाय के लोग अपना दिवंगत परिजनन के गिद्धन के खाये खातिर ‘टावर ऑफ साइलेंस’ पs रखला के बजाय दाह संस्कार करे ले तरजीह दे रहल बा।

परिवार के सदस्य देले जानकारी

एगो बयान के मोताबिक, मिस्त्री के परिवार में उनकर पत्नी रोहिका, बेटा फिरोज आ जहान, माई पात्सी मिस्त्री, बहिन लैला रुस्तम जहांगीर आ ए नोएल टाटा आ भाई शपूर मिस्त्री बा लो। परिवार के एगो सदस्य कहले कि कुछ रिश्तेदार सोमार के रात ले मुंबई पहुंच रहल बा लो। मंगर के मिस्त्री के पार्थिव देह के वरली शवदाह गृह ले जाइल जाई आ 11 बजे दाह संस्कार कइल जाई। मिस्त्री के साथे उनकर मित्र आ जानल-मानल उद्योगपति जहांगीर पंडोले के सड़क हादसा में मृत्यु हो गइल रहे। दुनो के शव इहां सरकारी जेजे अस्पताल के शवागार में रखल गइल बा।

कंपनी के अधिकारी पहुंचल लो दुर्घटनास्थल पs

एही बीच, जर्मन लग्जरी कार विनिर्माता कंपनी मर्सिडीज बेंज के एगो दल मुंबई से करीब 100 किलोमीटर दूर ओह स्थान के दौरा कइल, जहां डिवाइडर से कार टकरइला से मिस्त्री आ जहांगीर पंडोले के मौत हो गइल रहे। एगो पुलिस अधिकारी ई जानकारी देले। टाटा संस के पूर्व चेयरमैन साइरस मिस्त्री के साथे उनका कार में जाये के दौरान दुर्घटना के शिकार भइल प्रख्यात स्त्री रोग विशेषज्ञ अनाहिता पंडोले आ उनकर पति डेरियस पंडोले के मुंबई के एगो अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

अनाहिता पंडोले के सर्जरी होई, जबकि उनकर पति के आईसीयू में भर्ती करावल गइल बा। अस्पताल के एगो अधिकारी एकर जानकारी देले। अतवार के दुपहरिया के गुजरात से मुंबई आवे के दौरान अनाहिता पंडोले मर्सिडीज कार चलावत रहली, तबे कार नदी के पुल पs एगो डिवाइडर से टकरा गइल। उनकर पति डेरियस उनका साथे आगा के सीट पs बइठल रहले। हादसा में पिछला सीट पs बइठल मिस्त्री (54) आ जहांगीर पंडोले के मौत हो गइल रहे।

कार के ब्रेक फ्लुइड के होई जांच

पुलिस के एगो अधिकारी एकरा पहिले कहले रहस कि सुरुआती जांच के मुताबिक दुन लोग (पंडोले दंपति) सीट बेल्ट ना पहिनले रहे लो आ कार के तेज रफ्तार आउर ड्राइवर के गलत निर्णय के कारण ई हादसा भइल। पहिला नजर में ई प्रतीत होत बा कि कार के रफ्तार तेज रहे। कोंकण रेंज के पुलिस महानिरीक्षक संजय मोहिते कहले कि पुलिस कार के ब्रेक फ्लुइड स्तर के जांच करी। एकरा कम स्तर पs ब्रेक लाइन में खाली जगह में हवा भर जाला आ सॉफ्ट ब्रेक हो जाला। अधिकारी कहले कि हलुक ब्रेक पैडल खतरनाक हो सकत बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.