Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

माओवादी भर्ती मामला में एनआईए बिहार में छह ठिकानन पर मरलस छापा, आपत्तिजनक सामग्री कइल गइल जब्त

187

राष्ट्र जांच एजेंसी (एनआईए) शुक्क के माओवादियन के भर्ती अउरी वसूली मामला में बिहार में कई जगह छापा मरलस। एनआईए के प्रवक्ता बतवलें कि औरंगाबाद, गया, रोहतास अउर पटना जिला में आरोपियन अउर संदिग्ध लोग के के आधा दर्जन ठिकाना पर तलाशी लिहल गइल।

ई मामला शुरू में रोहतास पुलिस 12 अप्रैल के दर्ज कइलें रहे। बाद में एनआईए 26 अप्रैल के दूबारा एफआईआर दर्ज कइलस। अधिकारी लोग बतावल कि तलाशी में डिजिटल उपकरण अउर दस्तावेज समेत आपत्तिजनक सामग्री जब्त कइल गईल बा। मामला में जांच जारी बा।

उल्फा के ठिकाना पs तलाशी में हथियार भइल बरामद

एनआईए शुक्क के प्रतिबंधित उग्रवादी समूह यूनाइटेड लिबरेशन फ्रंट ऑफ असम (उल्फा) के गतिविधियन अउर युवा लोग के भर्ती से जुड़ल मामला में असम के सात जिला में 16 ठिकाना पर तलाशी अभियान चलवलें। एनआईए के प्रवक्ता बतवलें कि कामरूप, नलबाड़ी, डिब्रूगढ़, तिनसुकिया, सादिया, चराइदेव अउर शिवसागर में तलाशी के दौरान डिजिटल उपकरण, हथियार के संगे आपत्तिजनक दस्तावेज अउरी साहित्य जब्त कइल गइल।

321010cookie-checkमाओवादी भर्ती मामला में एनआईए बिहार में छह ठिकानन पर मरलस छापा, आपत्तिजनक सामग्री कइल गइल जब्त

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.