हिम्मत देखवलें बुलेट ट्रेन चालक: जान गंवा के बचा लिहलें 144 यात्रियन के जान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 7, 2022

चीन में बुलेट ट्रेन के ड्राइवर आजुकाल्हु चर्चा के विषय बनल बा. दुर्भाग्य से एह ड्राइवर के एह दुर्घटना में मौत हो गइल बा. ई सब तब भइल बा जब चीन के एगो प्रांत में

Share

चीन में बुलेट ट्रेन के ड्राइवर आजुकाल्हु चर्चा के विषय बनल बा. दुर्भाग्य से एह ड्राइवर के एह दुर्घटना में मौत हो गइल बा. ई सब तब भइल बा जब चीन के एगो प्रांत में भूस्खलन का चलते एगो चलत ट्रेन पटरी से उतर गइल. ए दुर्घटना में ट्रेन चालक के मौत हो गईल जबकि लमसम सात यात्री घाही हो गईले। लेकिन पटरी से उतरला के पांच सेकंड के भीतर ड्राइवर इमरजेंसी ब्रेक मार देलस अवुरी ट्रेन रुकते ही ओकर मौत हो गईल।

असल में ई घटना चीन के दक्षिण पश्चिमी गुइयांग प्रांत के ह. चीनी मीडिया में मिलल एगो खबर के मुताबिक, रोंगजियांग स्टेशन प अचानक भईल भूस्खलन के चलते इहाँ से दक्षिणी प्रांत गुआंगज़ौ जात एगो बुलेट ट्रेन के दुगो कोच पटरी से उतर गईले। जसही ड्राइवर के एकर अहसास भईल उ इमरजेंसी ब्रेक लगा के पांच सेकंड के भीतर ट्रेन के रोक देले।

ऊ ड्राइवर कवनो तरह से ट्रेन रोक के सवार 144 यात्री के जान बचा लिहलसि बाकिर आपन जान गँवा दिहलसि. बतावल जा रहल बा कि जहां उ ट्रेन में बईठल रहले, उहाँ दुर्घटना के जादे असर देखाई देलस। ए दुर्घटना में ट्रेन के चालक के मौत हो गईल, जबकि 8 यात्री घाही हो गईले। ट्रेन के 7वां अवरू 8वां कोच पटरी से उतर गईले। सभे घाही यात्री के स्थानीय अस्पताल पहुंचावल गईल अवुरी ट्रेन में सवार बाकी 136 यात्री के सुरक्षित जगह प भेज दिहल गईल।

इहो बतावल गइल बा कि एह घटना के जांच कइल जा रहल बा. आईं बता दीं कि चीन दुनिया में ‘हाई स्पीड रेल नेटवर्क’ में सबसे आगे बा. इहाँ बुलेट ट्रेन खातिर करीब 40 हजार किलोमीटर ट्रैक बिछावल गईल बा, जवना प इ ट्रेन 300 किलोमीटर प्रति घंटा से जादे रफ्तार से चलेली। चीन में हर साल लाखों लोग एह ट्रेनन से यात्रा करेला, आ एह ट्रेनन के सुरक्षा रिकार्ड बढ़िया बा.

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.