[the_ad_group id="30365"]

दक्षिण भारत के मंदिरन के दर्शन कराई IRCTC, 14 नवंबर से गोरखपुर से शुरू होई यात्रा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कार्पोरेशन (आईआरसीटीसी) कम खर्चा में श्रद्धालुअन के रामेश्वरम, मदुरई, मल्लिकार्जुन अउर तिरुपति बालाजी के दर्शन कराई। यात्रा 14 नवंबर से शुरू होई।
हर यात्री के 17,640 रुपया किराया देवे के होई। किराया के भुगतान बैंक से ईएमआई के जरिये भी कइल जा सकsता। एकरे तहत 645 रुपया प्रति महीना देवे के होई। ट्रेन गोरखपुर से रवाना होई अउर कई स्टेशन से बइठले के सुविधा मिली।

आईआरसीटीसी के टूर पैकेज के मुताबिक रामेश्वरम, मदुरई, मल्लिकार्जुन अउर तिरुपति बालाजी के दर्शन करावल जाई। यात्रा के दौरान नाश्ता, दोपहर अउर रात्रि के शाकाहारी भोजन मिली। स्थानीय यात्रा बस द्वारा होई अउर धर्मशाला में ठहरले के व्यवस्था भी किराया मे शामिल बा।

मुख्य क्षेत्रीय प्रबंधक अजीत कुमार सिन्हा बतवलें कि इच्छुक व्यक्ति गोरखपुर रेलवे स्टेशन स्थित आईआरसीटीसी कार्यालय से संपर्क कर सकतने। एकरर अलावा आईआरसीटीसी के वेबसाइट www.irctctourism.com से भी ऑनलाइन बुकिंग करावल जा सकsता।

एह स्टेशन से बइठले के होई सुविधा

गोरखपुर, वाराणसी, प्रयागराज संगम, लखनऊ, कानपुर अउर वीरांगना लक्ष्मीबाई

बुकिंग खातिर इहां करीं संपर्क

गोरखपुर 8595924273
लखनऊ  8287930908, 8287930909, 8287930902
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]