[the_ad_group id="30365"]

पटना में पोल से बान्ह के तीन जुवकन के पिटाई : चोर होखला के शक में लोग लात-घूंसा, चप्पल आ पत्थर बरसावल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना के नौबतपुर में तीन जुवकन के पोल से बान्ह कs के पीटल गइल। एह पिटाई के वीडियो सामने आइल बा, जेमे कुछ लोग जुवक के लात-घूंसा, चप्पल से मार रहल बा। कुछ लोग पत्थरन से मारत लउक रहल बा।

घटना नौबतपुर के एगो गांव के हs, जहां मंगर के सबेरे ग्रामीण लोग तीन जुवक के पोल से बान्ह के मारपीट कइल। चोर होखला के शक में लोग तीन लोगन के पकड़ले रहे। हालांकि बाद में ग्रामीण लोग नौबतपुर थाना के हवाले कs दिहल।

नशा के हालत में तीनो जुवक के पुलिस थाना ले आइल। आरोपियन से पुलिस पूछताछ कइल जा रहल बा। पुलिस अनुमंडल पदाधिकारी विक्रम सिहाग बतवलें कि तीनो जुवक के नशा के हालत में अजय नगर बालाजी गांव से पकड़ल गइल बा। स्थानीय लोग बान्ह के पिटाई कइले बा। एह बीच पुलिस के जानकारी मिलल रहे।

गांव में जानवरन के चोरी हो रहल बा

बालाजी गांव के ग्रामीण लोग बतावल कि पिछला कुछ दिनन से गांव में जानवरन के चोरी हो रहल बा। घर के आगे लागल गाड़ियन के गायब हो जाए के शिकायत बा। एसे ग्रामीण बहुते परेसान बा लो। वार्ड संख्या छव में कुछ जुवक चोरी के नीयत से गांव में घुस आइल रहलें सs। एकर सूचना ग्रामीणन के लाग गइल। एकरा बाद ग्रामीण लोग समूचा गांव के लोगन के जमा कs के तीनो चोर के घेर के पकड़ लेलस। फेर पोल से बान्ह के पिटाई कइल गइल।

ग्रामीण लोग देले रहे पुलिस के जानकारी

ग्रामीण लोगन में से कुछ लोग एकर सूचना नौबतपुर थाना के दिहल। नौबतपुर थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल। तीनो जुवकन के अपना कब्जा में लेके थाना ले आइल। पुलिस के ई मानल बा कि तीनो जुवक नशा के हालत में रहले सs। बतावल जा रहल बा कि तीनो जुवक खुद के गांव के एको रिश्तेदार के घर जाये के बात बतावत रहले सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]