[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के चर्चित माफिया सुधीर के दु साल के सजा, एह ममिला में भइल कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के 61 आ जिला के टॉप-10 माफिया के सूची में सामिल सुधीर सिंह के कोर्ट सोमार के दु साल के सजा सुनवलस। मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट गैर लाइसेंसी असलहा बरामद होखला के जुर्म में सजा सुनवलस। संगही दस हजार रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा। शस्त्र अधिनियम के उल्लंघन करे में दोषी पावल गइला पs कोर्ट सुधीर के ससुर के तीन महीना के सजा सुनवले बा।

माफिया सुधीर सिंह जमानत पs बाड़ें। लिहाजा कोर्ट उनका 20 हजार रुपिया के व्यक्तिगत बंधपत्र पs अपील अवधि तक जमानत पs रिहा कs देले बा। गोरखपुर के ई दूसरा माफिया हs जवना के अभियोजन आउर पुलिस के पैरवी से कोर्ट सजा सुनवले बा। एकरा पहिले माफिया राकेश यादव के भइल रहे।

राकेश फिलहाल जेल में बा। हाले में राजघाट में एगो केस में सुलह करावे के ममिला में सुधीर सहित कइयन गो आउर लोगन पs धमकी देवे के केस दर्ज कइल गइल रहे। एह ममिला के अभी जांच चलते रहे, तबे कोर्ट आर्म्स एक्ट में सजा सुना देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]