गोपालगंज के सिधवलिया में चलते ट्रक में लागल आग, चालक आ खलासी बाल-बाल बचल लो

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

गोपालगंज के सिधवलिया थाना क्षेत्र में बरहीमा के पास एनएच-27 पs चलत ट्रक में अचानक आग लाग गइल। आग लगतही मवका पs अफरा-तफरी के इस्थिति बन गइल। ट्रक पs सवार चालक आ खलासी ट्रक से

Share

गोपालगंज के सिधवलिया थाना क्षेत्र में बरहीमा के पास एनएच-27 पs चलत ट्रक में अचानक आग लाग गइल। आग लगतही मवका पs अफरा-तफरी के इस्थिति बन गइल। ट्रक पs सवार चालक आ खलासी ट्रक से कूदके आपन जान बचावल लो। ओहिजा, सूचना पाके मवका पs पहुंचल फायर बिग्रेड के टीम आग पs काबू पवलस।

घटना के बारे में लोग बतावल कि ट्रक हरियाणा से असम जात रहे। ट्रक जइसही सिधवलिया थाना क्षेत्र के बरहिमा एनएच-27 पर पहुंचल। इंजन से अचानक धुआं निकले लागल। जब तक चालक कुछ समझ पाइत, तब ले आ फइले लागल। गाड़ी के भीतर मवजूद चालक आ खलासी कवनो तरे आप जान बचावल लो।

सूचना मिलतही सिधवलिया थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल। एकरा बाद फायर बिग्रेड के बोलवल गइल रहे। हालांकि, आग बुझावे तक ट्रक के आधा हिस्सा जल गइल। ममिला के लेके सिधवलिया थाना प्रभारी हरेराम बतवलें कि ट्रक हरियाणा से असम जात रहे। एहीbबीच शॉर्ट सर्किट के कारण आग लाग गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.