[the_ad_group id="30365"]

भ्रष्टाचार के खिलाफ डबल एक्शन, कर्नाटक में ED आ लोकायुक्त दुनु के बड़ रेड जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रवर्तन निदेशालय यानी ईडी कर्नाटक में बड़हन छापामारी कइले बा। जानकारी के मुताबिक ईडी के इs छापामारी पछिला बुध से चलता, जवना में पूर्व विधायक अवुरी मंत्री के स्थान पs भी कार्रवाई होखता। ईडी मनी लांड्रिंग के मामिला के जांच के सिलसिला में इs छापामारी कईले बिया। एकरा संगे खास बात इs बा कि कर्नाटक में एs समय लोकायुक्त के ओर से अलग-अलग जिला में छापामारी चलता।

पूरा बात का बा?

दरअसल कर्नाटक महर्षि वाल्मीकि अनुसूचित जनजाति विकास निगम (कर्नाटक सरकार) के एसबी खाता अवुरी एसओडी खाता से धन के अवैध हस्तांतरण के आरोप सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक करीब 89.63 करोड़ रुपया के ट्रांसफर के आरोप बा। एही सिलसिला में प्रवर्तन निदेशालय के टीम छापामारी कईले बिया।

सीबीआई मामिला दर्ज करवले रहे

कर्नाटक महर्षि वाल्मीकि अनुसूचित जनजाति विकास निगम के खाता बेंगलुरु के एमजी रोड स्थित यूनियन बैंक में रहे। एह साल 6 मई के खाता से जुड़ल धोखाधड़ी के खुलासा भईल रहे। 3 जून के सीबीआई यूनियन बैंक के शिकायत पs बैंक के अधिकारी अवुरी बाकी लोग के खिलाफ भ्रष्टाचार अवुरी धोखाधड़ी के मामिला दर्ज कईले रहे। अब ईडी एह मामिला में मनी लांड्रिंग के जाँच करत बा.

लोकायुक्त छापा भी जारी 

दूसर ओर कर्नाटक के विभिन्न जिला में भी लोकायुक्त के छापामारी चल रहल बा। जानकारी के मुताबिक एजन्सी में दर्ज 11 मामिला के सिलसिला में कर्नाटक के मांड्या, कोलार, बेलगावी, मैसूर अवुरी हसन समेत 9 जिला में लोकायुक्त छापामारी चलता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]