Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मणिपुर में नीतीश के बड़ झटका, भाजपा में शामिल भइलें पांच विधायक

262

बिहार के सीएम नीतीश कुमार के पार्टी जदयू के मणिपुर में बड़ झटका लागल बा। इहाँ के जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के पांच विधायक शुक्रवार के सत्ताधारी भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) में शामिल हो गईले। मणिपुर विधान सभा के सचिव के मेघजीत सिंह के ओर से जारी बयान में मणिपुर के जदयू के पांच विधायक भाजपा में शामिल हो गईल बाड़े। ए साल मार्च में भईल विधानसभा चुनाव में जदयू 38 में से 6 सीट जीत चुकल रहलें

भाजपा मणिपुर ट्विटर प एगो चिट्ठी जारी कईले बिया, जवना में भाजपा में शामिल भईल जदयू विधायक के नाम बा। भाजपा में शामिल भईल विधायक में केएच जोयकिशन, एन सनते, मोहम्मद अछाबुद्दीन, पूर्व पुलिस महानिदेशक एएम खोटे अउरी थंगजाम अरुणकुमार शामिल बाड़े।

320750cookie-checkमणिपुर में नीतीश के बड़ झटका, भाजपा में शामिल भइलें पांच विधायक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.