Loksabha election 2024 : कांग्रेस के बयानवीर विजेंदर सिंह बीजेपी में शामिल भइला प का कहले

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2024

लोकसभा चुनाव 2024 : मुक्केबाज विजेंद्र सिंह कांग्रेस छोड़ के भाजपा में शामिल हो गइले। 38 साल के विजेंद्र सिंह 2019 में ही कांग्रेस में शामिल भइल रहले।   विजेंद्र सिंह भाजपा में शामिल भइले:

Share

लोकसभा चुनाव 2024 : मुक्केबाज विजेंद्र सिंह कांग्रेस छोड़ के भाजपा में शामिल हो गइले। 38 साल के विजेंद्र सिंह 2019 में ही कांग्रेस में शामिल भइल रहले।

 

विजेंद्र सिंह भाजपा में शामिल भइले: मुक्केबाज विजेंद्र सिंह कांग्रेस छोड़ के भाजपा में शामिल हो गइल बाड़न। 38 साल के विजेंद्र सिंह 2019 में ही कांग्रेस में शामिल भइल रहले। दिल्ली विधानसभा में विपक्ष के नेता आ दक्षिण दिल्ली से पार्टी के उम्मीदवार रामवीर सिंह बिधुरी के मौजूदगी में विजेंद्र सिंह भाजपा के सदस्यता लेले।

विजेन्दर सिंह जाट समुदाय के हउवें जवना के हरियाणा, पश्चिमी उत्तर प्रदेश आ राजस्थान के बहुते सीट प राजनीतिक प्रभाव बा । मुक्केबाज विजेंद्र सिंह भाजपा में शामिल होखे प कहले कि, “हम भाजपा में शामिल होखे खातीर बहुत उत्साहित बानी। हम देश के विकास आ प्रगति खातीर काम कइल चाहतानी…।”

विजेन्दर सिंह जाट समुदाय के हउवें जवना के हरियाणा, पश्चिमी उत्तर प्रदेश आ राजस्थान के बहुते सीट प राजनीतिक प्रभाव बा । मुक्केबाज विजेंद्र सिंह भाजपा में शामिल होखे प कहले कि, “हम भाजपा में शामिल होखे खातीर बहुत उत्साहित बानी। हम देश के विकास आ प्रगति खातीर काम कइल चाहतानी…।”

विजेंद्र सिंह 2019 के लोकसभा चुनाव दक्षिण दिल्ली सीट से कांग्रेस के टिकट प लड़ले रहले, लेकिन उनका हार के सामना करे के पड़ल। ऊ 2008 के बीजिंग ओलंपिक में मुक्केबाजी में कांस्य पदक जीतले रहलें। उहाँ के अउरी कई गो अंतर्राष्ट्रीय प्रतियोगिता में भी देश खातिर पदक जीत चुकल बानी। एकरे अलावा इनके 2006 आ 2014 के राष्ट्रमंडल खेल सभ में रजत पदक आ खेल सभ के 2010 के संस्करण में कांस्य पदक के साथे-साथ 2009 के बिस्व चैम्पियनशिप भी जीतल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.