साँझ के 10 बड़ खबर

Anurag Ranjan
  1. बिहार: अमित शाह पटना पहुँचले, कार्यकर्ता लोग स्वागत में सड़क पs फूल बिछावल, एयरपोर्ट पs भइल जोरदार स्वागत।
  2. बिहार: भवन निर्माण विभाग के भ्रष्ट इंजीनियर के पांच ठिकानन पs छापा, पटना से लेके दिल्ली तक रेड। भवन निर्माण विभाग के कार्यपालक अभियंता फिरोज आलम के ठिकानन पs छापेमारी।
  3. उत्तर प्रदेश: लेखपाल भर्ती परीक्षा में सेंधमारी के कोसिस, एसटीएफ सरगना समेत साल्वर गैंग के 18 लोग के पकड़लस।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी एमलसी उपचुनाव- कीर्ति कोल के समाजवादी पार्टी विधान परिसद चुनाव में बनवलस प्रत्याशी। बिहान करिहें नामांकन।
  5. झारखंड: झारखंड कांग्रेस के निलंबित विधयाकन के लगे से बंगाल में कैश बरामदगी केस के होई CID जांच।
  6. ED के हिरासत में संजय राउत: घरे दे भगवा गमछा लहरावत निकलले शिवसेना सांसद, ED ऑफिस पहुंचके बोलले- हम झुकेम ना।
  7. केरल: केरल में मंकीपॉक्स के संदिग्ध जुवक के मौत, हेल्थ मिनिस्टर बोलली जांच करावल जाई।
  8. 6 राज्यन में NIA के छापेमारी: ISIS मॉड्यूल के लेके रेड, देवबंद से मदरसा स्टूडेंट गिरफ्तार; 3 दिन पहिले बिहार के 6 जिलन में भइल रहे कार्रवाई।
  9. कॉमनवेल्थ गेम्स में भारत के दूसरा गोल्ड: जेरेमी लालरिनुंगा वेटलिफ्टिंग में दिलवले कामयाबी, मेडल टेबल में भारत छठा नंबर पs।
  10. भारत वेस्टइंडीज दूसरा एकदिवसीय बिहान: भारत 1-0 से बा सीरीज में आगे।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।