Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जनवरी में आधा महीना शाखा पर नाइ होई काम, सनिचर अउर अतवार मिला के 14 दिन बंद रहिहें सब बैंक

275
भारतीय रिजर्व बैंक के ओर से 2023 खातिर बैंक के छुट्टी के लिस्ट देखल जाव त जनवरी महीना में कुल 14 दिन बैंक के शाखा बंद रही। अइसे में ई जरूरी बा कि अगर रउआ बैंक शाखा पर जा के आपन काम निपटवले के मूड में बानीं त जनवरी महीना के बैंक छुट्टी पर एक नजर डाल लेईं, ताकि ब्रांच पर पहुचले के बाद शाखा बंद रहले से आपके परेशानी के सामना न करे के पड़े।
भारतीय रिजर्व बैंक के ओर से नयका साल 2023 खातिर बैंक छुट्टियन के जौन लिस्ट जारी कइल गइल बा, ओकरे अनुसार जनवरी महीना में हर अतवार के साप्ताहिक अवकाश के अलावे दूसरे अउर चउथा शनिचर के छुट्टियन के मिला के कुल 14 दिन बैंक बंद रहिहें। एह में कुछ छुट्टी पूरे भारत में बैंक शाखा में रही, जबकि कुछ छुट्टी स्थानीय पर्व-त्योहार के आधार पर कौनो खास राज्य में ही रही। हालांकि बैंक उपभोक्ता लोग खातिर राहत के बात ई हाेई कि एह छुट्टियन के दौरानो बैंक के ऑनलाइन सेवा आम दिन के भांति ही काम करत रही। एह तरह बैंक के ग्राहक एह दौरान इंटरनेट बैंकिंग के इस्तेमाल करत आपन काम चाहे लेन-देन आसानी से निपटा सकतनीं।

जनवरी महीना के पहिले दिन यानी एक 1 जनवरी के ही अतवार होखले के चलते बैंक बंद रहिहें। एकरे अलावे 8,15, 22 अउर 29 जनवरी के भी अतवार होखले के चलते बैंक बंद रही। जबकि 14 जनवरी के दिन दूसरा सनिचर अउर 28 जनवरी के दिन चउथा शनिचर होखले के कारण बैंक शाखा बंद रही। 26 जनवरी के त बियफे के दिन ह लेकिन गणतंत्र दिवस होखले के चलते बैंक शाखा में छुट्टी रही।

जनवरी 2023 में कुल बैंक छूट्टी 

तारीख छुट्टी के कारण कहां बंद रही बैंक शाखा
1 जनवरी साप्ताहिक अवकाश (अतवार) संपूर्ण भारत में
2 जनवरी नयका साल के छुट्टी मिजोरम
8 जनवरी साप्ताहिक अवकाश (अतवार) संपूर्ण भारत में
11 जनवरी मिशनरी दिवस मिजोरम
12 जनवरी स्वामी विवेकानंद जयंती पश्चिम बंगाल
14 जनवरी मकर संक्रांति/माघ बिहु गुजरात, कर्नाटक, असम सिक्किम, तेलंगाना
15 जनवरी पोंगल/रविवार संपूर्ण भारत में
22 जनवरी साप्ताहिक अवकाश (अतवार) संपूर्ण भारत में
23 जनवरी नेताजी सुभाष चंद्र बोस जयंती असम
25 जनवरी राज्यत्व दिवस हिमाचल प्रदेश
26 जनवरी गणतंत्र दिवस संपूर्ण भारत में (राष्ट्रीय छुट्टी)
28 जनवरी दूसरा शनिवार संपूर्ण भारत में
29 जनवरी साप्ताहिक अवकाश (अतवार) संपूर्ण भारत में
31 जनवरी मीदममीफी असम
422200cookie-checkजनवरी में आधा महीना शाखा पर नाइ होई काम, सनिचर अउर अतवार मिला के 14 दिन बंद रहिहें सब बैंक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.