[the_ad_group id="30365"]

Weather Report: पारा अउरी गिरी बढ़ाई ठण्डी कs लिहिन् एह ठण्डी से बचे के तईयारी उत्तर भारत में माइनस 4 डिग्री तक गिर सकत बा पारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मौसम विशेषज्ञ नवदीप दहिया कहनें, कि 14 से 19 जनवरी तक उत्तर भारत भीषण शीतलहर के चपेट में रही। विशेष तौर प 16 से 18 जनवरी के बीच मे ठंडा अपने चरम प रही अउरी मैदानी इलाकन के पारा माइनस 4 डिग्री सेल्सियस से लेकर दो डिग्री तक गिर सकेला।

उत्तर भारत भीषण ठंड के चपेट में बा। रात में कोहरा त दिन में सर्द बेआर से लोग परेशान बा। बीतल दु दिनन से भले ही कुछ राहत मिलल होखे, बाकिर मौसम विशेषज्ञ आवे वाला दिनन खातिर तैयार रहे के चेतावनी देले बाने। मौसम विशेषज्ञ नवदीप दहिया कहले बाने कि 14 से 19 जनवरी तक उत्तर भारत भीषण शीतलहर के चपेट में रही । आ विशेष तौर प 16 से 18 जनवरी के बीचे मे ठंडा अपने चरम प रही अउरी मैदानी इलाकन के पारा माइनस 4 डिग्री सेल्सियस से लेके दो डिग्री तक गिर सकेला।

उ कहने कि हम पूरा अपने करियर में पूर्वानुमान के मॉडल में एतना कम तापमान नइखी देखले। भारत मौसम विज्ञान विभाग (आईएमडी) भी कहने कि दिल्ली अउरी इनकर पड़ोसी राज्यन में शनिचर से शीतलहर के स्थिति बनले के संभावना बा।

अधिकतम तापमान में हो सकेला बड़हन गिरावट

मौसम विशेषज्ञ कहले कि आवे वाला तीन दिनन में मौसम में बदलाव शुरू हो जाई। उ कहनें, अबे त कोहरा तापमान में एगो महत्वपूर्ण भूमिका निभा रहल बा। उ सब चेतावनी देत कहने कि अधिकतम तापमान में बड़हन गिरावट दर्ज के आसंका बा अउरी इ सिंगल डिजिट तक पहुच जाइ। एकरी साथ ही शीतलहर चरम प रही। उ कहने, जनवरी के शुरुआत मे 11 दिन ऐतिहासिक ठंड पड़ी । आवे वाला कुछ दिनन अउरी ज्यादा ठंडा हो सकेला । उ कहनें, जनवरी 2023  ऐतिहासिक रूप से ठंडा हो सकेला।

IMD ने जारी कइलस चेतावनी 

इ सप्ताह उत्तर पश्चिमी भारत में कुछ राहत के बाद मौसम विभाग भीषण ठंडा के चेतावनी जारी कइले बा। मौसम विभाग ने राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली व आसपास के इलाकन में बर्फीला ठंडा के चेतावनी जारी कइले बा। आईएमडी के मुताबिक, 23 साल में तीसरा बेर सबसे ज्यादा ठंडा महसूस कइल जा ता। आईएमडी के एक मौसम वैज्ञानिक आरके जेनामनी ने 2006 में एही तरह के स्थिति के अनुभव कइल गइल बा। जब सबसे कम तापमान 1.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल रहे। तब 2013 में एहि तरह की ठंड रहे।

अगिला कुछ दिनन में हो सकेला बूंदाबांदी 

मौसम वैज्ञानिक जेनामणि जी कहने, कि पंजाब, हरियाणा, चंडीगढ़, दिल्ली, पश्चिमी यूपी और उत्तरी राजस्थान में अगले कुछ दिनन में बूंदाबांदी आ हल्का फूलका बारिश हो सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]