Mahakumbh 2025: प्रयागराज में भइल योगी कैबिनेट के अहम बैठक, CM कहले- ‘यूपी में निवेश के कईगो प्रस्ताव आइल बा’

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 22, 2025

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु आपन पूरा मंत्रिमंडल के साथे प्रयागराज में मौजूद बाड़न. प्रयागराज के अरैल में यूपी के मंत्रिमंडल के बइठक भइल जवना के बाद सीएम योगी एगो प्रेस कांफ्रेंस के

Share

योगी आदित्यनाथ

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु आपन पूरा मंत्रिमंडल के साथे प्रयागराज में मौजूद बाड़न. प्रयागराज के अरैल में यूपी के मंत्रिमंडल के बइठक भइल जवना के बाद सीएम योगी एगो प्रेस कांफ्रेंस के संबोधित कइलन. प्रेस कांफ्रेंस में सीएम योगी बतवले कि सरकार 3 गो जिला में मेडिकल कॉलेज बनावे के मंजूरी देले बिया। पीपीपी मॉडल के ई मेडिकल कॉलेज हाथरस, बागपत आ कासगंज में बनावल जाई. एकरा अलावे प्रयागराज, वाराणसी अवुरी आगरा नगर निगम के बांड जारी करे के फैसला भईल बा। सीएम इहो कहले कि यूपी में निवेश के बहुत प्रस्ताव आईल बा, जवना पs चर्चा भईल।

युवा लोग के स्मार्टफोन अवरू लैपटॉप देवे पs चर्चा भईल

प्रेस कांफ्रेंस के संबोधित करत योगी कहले कि, ‘पहिला बेर उत्तर प्रदेश के मंत्री परिषद महाकुंभ में मौजूद बा।’ बहुत मुद्दा पs चर्चा भईल बा। प्रदेश के कई मुद्दा के संगे प्रयागराज के विकास पs चर्चा भईल। एयरोस्पेस, रक्षा आ रोजगार से जुड़ल नीति 2024 जवन 2018 में बनल रहे, ओकरा के नया तरीका से बनावे खातिर चर्चा भइला के 5 साल हो गइल बा। एफडीआई में कइल निवेश पs चरचा भइल बा. मुरादाबाद के मिर्जापुर में 10 हजार करोड़ रुपया के निवेश के चर्चा हो चुकल बा। युवा लोग के स्मार्टफोन अवुरी लैपटॉप देवे पs चर्चा भईल बा।

‘गंगा एक्सप्रेसवे के विस्तार होई’

सीएम योगी कहले कि, ‘बलरामपुर के केजीयू के सैटेलाइट सेंटर के मेडिकल कॉलेज में बदले के बारे में चर्चा भईल बा। नवहियन के आधुनिक पाठ्यक्रम से जोड़े खातिर 62 गो आईटीआई खातिर केन्द्र बनावे के नया प्रस्ताव पs सहमति हो गइल बा. गंगा एक्सप्रेसवे के विस्तार करी जवन पूर्वांचल एक्सप्रेसवे से जुड़ जाई। चंदौली के सोनभद्र के जोड़े वाला राष्ट्रीय राजमार्ग से जोड़ल जाई। प्रयागराज में यातायात के चैलेंज बा। पीएम के नेतृत्व में लखनऊ रायबरेली के प्रयागराज से जोड़े के काम हो चुकल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.