Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महिला ग्राम प्रधान के बदमाश घर पs चढ़के मरले गोली

महिला ग्राम प्रधान के बदमाश ने घर पs चढ़के मरले गोली

1,076

खजनी। हरपुर बुदहट थाना अंतर्गत ग्राम पंचायत रघुनाथपुर के वर्तमान महिला ग्राम प्रधान के अतवार के साँझ लससम 6:00 बजे अज्ञात बदमाश घर पs चढ़ के गोली मार देले सs। घटना के अंजाम देला के बाद बादमाश मवका से फरार हो गइलें सs। परिजन पुलिस के सूचना देत घायल के उपचार खातिर सहजनवां रवाना हो गइल लो।

ग्रामीण लोग के अनुसार दु गो बाइक पs सवार चार गो युवक मिथिलेश गूप्ता के घरे पहुंचले। मिथिलेश के मां मीरा देवी चौंकी पs बइठल रहली तबे दु गो युवक बाइक से उतरले सs, जब तक मीरा देवी कुछ समझ पवती तब तक कनपटी पs पिस्तौल सटाके बदमाशन द्वारा फायर झोंक दिहल गइल। ऊ लहूलुहान होके चौंकी पs गिर पड़ली। वारदात के अंजाम देला के बाद बदमसज मवका से फरार हो गइले। बतावल जात बा कि गोली आर-पार हो गइल बा।

290590cookie-checkमहिला ग्राम प्रधान के बदमाश घर पs चढ़के मरले गोली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.