[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA 1st T20I : फ्री में कब, कहां आ कइसे देख सकेम भारत-साउथ अफ्रीका के पहिला टी20 मैच? इहां देखीं सारा जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच टेस्ट आ वनडे सीरीज हो चुकल बा आ अब बारी बा टी20 सीरीज के। पांच मैच के ई टी20I सीरीज अगिला साल होखे वाला टी20 वर्ल्ड कप खातिर दुनो टीम खातिर बहुते जरूरी मानल जा रहल बा। सीरीज के पहिला मैच 9 दिसंबर, मंगर के दिन खेलल जाये वाला बा।

कटक, चंडीगढ़, धर्मशाला, लखनऊ आ अहमदाबाद- ई पांच शहर एह टी20 सीरीज के होस्ट करी। भारत वनडे सीरीज 2-1 से जीत के जोरदार वापसी कइले बा आ अब ध्यान बा सूर्यकुमार यादव के कप्तानी वाली टीम पs। फैंस के उमेद बा कि ई टीम टी20 सीरीज में बढ़िया प्रदर्शन करी।
अब जानीं- कब, कहां आ कइसे भारत बनाम साउथ अफ्रीका के पहिला टी20 मैच लाइव देख सकेम?

भारत vs साउथ अफ्रीका पहला T20I-कब खेलल जाई?

9 दिसंबर, मंगर के दिने।

पहिला टी20 मैच कहां खेलल जाई?

पहला टी20i मैच कटक में होखे वाला बा।

मैच कब से सुरू होई?

मैच रात 7 बजे से सुरू होई। टॉस 6:30 बजे होई।

कवना टीवी चैनल पs लाइव देखल जा सकी मैच?

भारत बनाम साउथ अफ्रीका के पहिला टी20 मैच Star Sports Network पs लाइव देखल जा सकी।

लाइव स्ट्रीमिंग कहां दिखी?

लाइव स्ट्रीमिंग JioCinema / Hotstar ऐप पs उपलब्ध रही।

भारत बनाम साउथ अफ्रीका-टी20 टीम

भारतीय टीम: सूर्यकुमार यादव (कप्तान), शुभमन गिल, अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, हार्दिक पंड्या, शिवम दुभे, अक्षर पटेल, जितेश शर्मा (विकेटकीपर), संजू सैमसन (विकेटकीपर), जसप्रीत बुमराह, वरुण चक्रवर्ती, अर्शदीप सिंह, कुलदीप यादव, हर्षित राणा, वाशिंगटन सुंदर।

दक्षिण अफ्रीका टीम: एडेन मार्कराम (कप्तान), डेवाल्ड ब्रेविस, टोनी डी जोरजी, रीजा हेंड्रिक्स, डेविड मिलर, जॉर्ज लिंडे, कॉर्बिन बॉश, मार्को जानसन, क्विंटन डी कॉक (विकेटकीपर), डोनोवन फरेरा (विकेटकीपर), ट्रिस्टन स्टब्स, ओटनील बार्टमैन, केशव महाराज, क्वेना मफाका, लुंगी एनगिडी, एनरिक नॉर्टजे।

Read Also: Ludhiana Road Accident : देर रात बेकाबू कार डिवाइडर से टकराइल, दुगो नाबालिग लइकियन सहित पांच के मौत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]