[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA 2nd T20 Playing 11 : का भारत विजयी संयोजन में बदलाव करी? गिल पs बा सब केहू के नजर, सूर्या के फॉर्म बढ़ा रहल बा टेंशन

Hardik Pandya celebrates fifty as India defeat South Africa by 101 runs in the 1st T20I at Cuttack
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पाेर्ट्स डेस्क। भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच पांच मैच वाला टी20 सीरीज के दूसरका मुकाबला बियफे के खेलल जाई। पहिलका मैच में भारत बल्ला आ गेना दुनु से कमाल के प्रदर्शन करत एकतरफा जीत हासिल कइलस आ सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेलेस। अब टीम इंडिया के नजर दुसरका मैच जीत के बढ़त के आउर पक्का करे पs बा। आम तौर पs भारतीय टीम विजयी संयोजन में बदलाव ना करेले, बाकिर ई देखे लायक होई कि मुल्लांपुर में टीम कुछ रिस्क लेत बिया कि ना।

गिल के वापसी रहल फीका

पहिलका टी20 में वाशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, संजू सैमसन आ हर्षित राणा के बाहर बठावल गइल। सबसे बेसी चउकावे वाला नाम रहल संजू सैमसन- जिनका जगह जितेश शर्मा के मौका मिलल।
गिल चोट से उबर के वापसी तs कइलें बाकिर 4 रन बनाके आउट हो गइलें। पिछिला कुछ समय से गिल के फॉर्म ठीक नइखे चलत आ पावरप्ले में धमाकेदार सुरुआत ना मिलला से टीम पs दबाव बढ़ जात बा।

दूसरका मैच में उम्मेद बा कि गिल बेहतर पारी खेलिहें- काहेकि ऊ ओह भूमिका के निभा सकेलें जवन ऊ विराट कोहली पिछिला साल टी20 वर्ल्ड कप से पहिले निभावत रहस।

सूर्यकुमार यादव के फॉर्म बढ़वलस चिंता

गिल के संगे-संगे कप्तान सूर्यकुमार यादव के फॉर्म चिंता के विषय बा। अगिला साल होखे जा रहल टी20 विश्व कप से पहिले सूर्या के फॉर्म में लवटला से टीम इंडिया के बहुते फायदा होई।

का संजू सैमसन के मिली मौका? 

न्यू चंडीगढ़ के ठंढा हवा में भारत विजयी प्लेइंग-11 में बदलाव करी एकर संभावना बहुते कम बा। माने टीम ओह एकादश के संगे उतरी, जवन कटक में उतरल रहे। हार्दिक पंड्या चोट से उबरला के बाद जबरदस्त खेल देखवलें। ऊ 28 गेना में नाबाद 59 रन ठोकलें आ एगो विकेटो चटकवलें।

हार्दिक पंड्या 100 T20I विकेट से बस 1 डेग दूर

हार्दिक पंड्या के अब 99 टी20 अंतरराष्ट्रीय विकेट हो गइल बा। जदि दुसरका टी20 में ऊ एक विकेट आउर ले लिहें तs ऊ भारत के ओर से टी20I में 100 विकेट लेवे वाला तीसरा गेंदबाज बन जइहें।
एकरा पहिले अर्शदीप सिंह आ जसप्रीत बुमराह ई उपलब्धि हासिल कs चुकल बा लोग।

अर्शदीप-कुलदीप एक संगे खेली लोग?

टीम प्रबंधन चाहत बिया कि 8 नंबर तक बल्लेबाजी मिले, एह चलते अर्शदीप सिंह आ कुलदीप यादव के एक संगे खेलावल तनी मुश्किल बा। पहिला मैच में अर्शदीप बुमराह के संगे जोड़ी बनावत बढ़िया गेंदबाजी करत सुरुआती विकेट दिलवले।

भारत आ दक्षिण अफ्रीका के संभावित प्लेइंग-11

भारत

  • अभिषेक शर्मा
  • शुभमन गिल
  • सूर्यकुमार यादव (कप्तान)
  • तिलक वर्मा
  • हार्दिक पंड्या
  • शिवम दुबे
  • जितेश शर्मा (विकेटकीपर)
  • अक्षर पटेल
  • जसप्रीत बुमराह
  • वरुण चक्रवर्ती
  • अर्शदीप सिंह

दक्षिण अफ्रीका

  • क्विंटन डिकॉक (विकेटकीपर)
  • एडेन मार्करम (कप्तान)
  • ट्रिस्टन स्टब्स
  • डेवाल्ड ब्रेविस
  • डेविड मिलर
  • डोनोवान फेरेरा
  • मार्को यानसेन
  • केशव महाराज
  • लुथो सिपाम्ला
  • लुंगी एनगिडी
  • एनरिच नॉर्त्जे

Read Also: 11 दिसंबर 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]