[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA Playing 11 : गिल आ हार्दिक के होई वापसी, सैमसन-जितेश में से केकरा मिली मौका? जानीं

IND vs SA T20 series playing 11 with Gill and Hardik returning, and battle between Samson and Jitesh for wicketkeeper spot
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ वनडे सीरीज जीतला के बाद अब भारत पांच मैच वाला टी20 सीरीज खेले जा रहल बा। भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच पहिलका टी20 आज मंगर के होखे वाला बा। एह सीरीज में शुभमन गिल आ हार्दिक पांड्या दुनो के सानदार वापसी होई। दुनु खिलाड़ी चोट के चलते कुछ दिन से मैदान से बाहर रहल बा लोग।

टी20 विश्व कप खातिर तइयारी पुख्ता करी भारत 

मौजूदा टी20 विश्व चैंपियन टीम इंडिया आवे वाला साल में अपने देस में होखे वाला टी20 विश्व कप खातिर तइयारी सुरू कs देले बिया। अफ्रीका सीरीज विश्व कप के औपचारिक तइयारी के सुरुआत मानल जा रहल बा। टीम इंडिया विश्व कप से पहिले कुल 10 टी20 मैच खेली- अफ्रीका आ फेर न्यूजीलैंड के खिलाफ।

गिल-हार्दिक के वापसी से मजबूत होई टीम

गिल अब गर्दन के अकड़न ठीक भइला के बाद लवटत बाड़े। ई तय बा कि ऊ अभिषेक शर्मा के संगे ओपनिंग करिहें। तीसरा नंबर फेर कप्तान सूर्यकुमार यादव के होई। हार्दिक के वापसी टीम खातिर ओतनही जरूरी बा। ऊ एशिया कप में चोटिल भइलें, बाकिर अब मुश्ताक अली ट्रॉफी में बढ़िया प्रदर्शन करत वापसी करत बाड़ें। ऊ मुश्ताक अली ट्रॉफी में 42 गेना में 77 रन आ एक विकेट बनवले बाड़ें।

फॉर्म में चमक रहल बाड़े अभिषेक

अभिषेक शर्मा अभी जोरदार फॉर्म में बाड़ें। ऑस्ट्रेलिया दौरा में ऊ 163 रन बनवलें आ घरेलू टी20 में 50+ औसत से 249 स्ट्राइक रेट पs 304 रन ठोकलें। हाले में बंगाल के खिलाफ 52 गेना में 148 रन के पारी खेलले रहस।

सूर्यकुमार के फॉर्म चिंता के विषय

कप्तान सूर्या के फॉर्म अभी ठीक नइखे चल रहल। आईपीएल के बाद ऊ 15 पारियन में बस 184 रन बनवले बाड़ें। विश्व कप से पहिले ई सीरीज के बखूबी इस्तेमाल करे के चहिंहे।

सैमसन-जितेश में काटा के बा टक्कर

विकेटकीपर के जगह खातिर संजू सैमसन आ जितेश शर्मा में मुकाबला बा। सैमसन के अंतरराष्ट्रीय फॉर्म बढ़िया रहल बा, जबकि जितेश के सर्वोच्च स्कोर 41 बा। संभावना इहे बा कि प्लेइंग 11 में सैमसन के मौका मिली।

संभावित प्लेइंग 11

भारत: अभिषेक, गिल, सूर्या, तिलक वर्मा, सैमसन, हार्दिक, अक्षर, कुलदीप, वरुण, बुमराह, अर्शदीप।
दक्षिण अफ्रीका: मार्करम, ब्रेविस, टोनी, मिलर, बॉश, यानसेन, डिकॉक, स्टब्स, महाराज, एनगिडी, नॉर्त्जे।

Read Also: UP Encounter : यूपी में एगो आउर एनकाउंटर, 50 हजार के इनामी समयदीन मुठभेड़ में ढेर

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]