[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA 1st T20I : जसप्रीत बुमराह बने वाला बाड़ें नंबर-1! कटक में कर सकेले ऊ करिश्मा, जवन आज तक कवनो आउर भारतीय ना कs सकल

टीम इंडिया
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20I क्रिकेट में 100 विकेट लेहल कवनो गेंदबाज खातिर बहुत बड़ उपलब्धि होला। एह ऐतिहासिक मुकाम से बस एक कदम दूर बाड़ें भारत के तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह, जे लगातार सानदार प्रदर्शन करत एह रिकॉर्ड के एकदमे नजदीक पहुंच गइल बाड़ें।

एक विकेट दूर बाड़ें बुमराह

आज कटक में खेलल जाये वाला भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका के पहिला टी20 इंटरनेशनल में बुमराह के लगे मवका बा कि ऊ 100 टी20I विकेट पूरा कs लेस। एकरा खातिर उनका बस एक विकेट लेवे के बा।

इतिहास रचे के करीब जसप्रीत बुमराह

कटक में बुमराह कइयन गो रिकॉर्ड अपना नामे कs सकेलें। अभी उनका खाली एक विकेट चाहीं आ ऊ अर्शदीप सिंह वाला 100 टी20I विकेट क्लब में सामिल हो जइहें। मवजूदा समय में बुमराह 80 मैच में 99 विकेट ले चुकल बाड़ें। उनकर औसत 18.11 बा, जबकि उनकर बेस्ट बॉलिंग फिगर 3/7 बा।
अर्शदीप सिंह अभी 68 मैच में 105 विकेट ले चुकल बाड़ें।

जदि बुमराह आज दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ खाली एक विकेट ले लेस, तs ऊ टी20 इंटरनेशनल में 100 विकेट वाला खास सूची में सामिल हो जइहें।

बनिहें तीनों फॉर्मेट में 100-100 विकेट लेवे वाला पहिला भारतीय गेंदबाज

अगर बुमराह 100 टी20I विकेट ले लिहें, तs उ तीनों फॉर्मेट (टेस्ट, ODI, T20I) में विकेटन के शतक लगावे वाला पहिला भारतीय बन जइहें। एकरा अलावे ऊ 18 आउर विकेट लेतही 500 इंटरनेशनल विकेट वाला आठवां भारतीय गेंदबाज बन जइहें। अभी उनका नामे 221 मैच में 482 विकेट, 13 बार चार विकेट हॉल आ 18 बार पांच विकेट हॉल दर्ज बा।

भारत आ दक्षिण अफ्रीका के टी20 टीम

भारत: सूर्यकुमार यादव (कप्तान), शुभमन गिल, अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, हार्दिक पंड्या, शिवम दुबे, अक्षर पटेल, जितेश शर्मा (विकेटकीपर), संजू सैमसन (विकेटकीपर), जसप्रीत बुमराह, वरुण चक्रवर्ती, अर्शदीप सिंह, कुलदीप यादव, हर्षित राणा, वाशिंगटन सुंदर।

दक्षिण अफ्रीका: एडन मार्कराम (कप्तान), डेवाल्ड ब्रेविस, टोनी डी जोरजी, रीजा हेंड्रिक्स, डेविड मिलर, जॉर्ज लिंडे, कॉर्बिन बॉश, मार्को जानसन, क्विंटन डी कॉक (विकेटकीपर), डोनोवन फरेरा (विकेटकीपर), ट्रिस्टन स्टब्स, ओटनील बार्टमैन, केशव महाराज, क्वेना मफाका, लुंगी एनगिडी, एनरिक नॉर्टजे।

 Read Also: IND vs SA Playing 11 : गिल आ हार्दिक के होई वापसी, सैमसन-जितेश में से केकरा मिली मौका? जानीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]