[the_ad_group id="30365"]

11 दिसंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 11/12/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन के 01 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- बियफे।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

रात के 02 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।

विष्कुम्भ जोग

दिन के 11 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 12/12/2025

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि-अष्टमी

दिन के 02 बजके 57 मिनट ले।

दिन- सुक।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

भोर के 05 बजके 50 मिनट ले।

प्रीति जोग

दिन के 11 बजके 11 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में गति बढ़ी। नया मौका मिली। परिवार में खुसी रही। धन लाभ हो सकेला।
उपाय: भगवान हनुमान जी के सेनूर चढ़ाईं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

खर्चा बढ़ सकेला, बाकिर कमाई में सुधार होई। नया योजना सफल होई। सेहत में सुधार।
उपाय: माता लक्ष्मी के धूप-दीप जलाईं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन मीठ बोली लाभ दी। दफ्तर में तारीफ मिली। संघतिया से मदद मिल सकेला।
उपाय: गाय के चारा खिलाईं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर-परिवार में माहौल खुसनुमा रही। काम में ध्यान देला से फायदा होई। जतरा टल सकेला।
उपाय: शिवजी के जल अर्पित करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। कवनो बड़ फैसला ले सकतानी। पईसा के ममिला सुलझ सकेला।
उपाय: सूर्य देव के अर्घ्य चढ़ाईं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

काम के बोझ बढ़ सकेला। विवाद से बचीं। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं।
उपाय: तुलसी माता के प्रदक्षिणा करीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भाग्य मजबूत बा। रुकल काम पूरा होई। पढ़ाई में मन लगी। धन लाभ के जोग बा।
उपाय: माता दुर्गा के लाल फूल चढ़ाईं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

भावनात्मक रूप से आज कमजोर महसूस कर सकतानी। भरोसा वाला आदमी से सलाह लीं।
उपाय: मसूर दाल दान करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

नया काम सुरू करे के समय बा। बेयपार में फायदा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली।
उपाय: पीपल पs जल चढ़ाईं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज लगन आ मेहनत सफलता दी। नौकरी में प्रमोशन के योग बा। सेहत अच्छा रही।
उपाय: उजर मिठाई दान करीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

रचनात्मक काम में सफलता मिली। विद्यार्थी वर्ग खातिर दिन सुभ बा। खर्चा पs नियंत्रण जरूरी बा।
उपाय: कृष्ण भगवान के पियर फूल चढ़ाईं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

परिवार के साथ मिलत रही। धन लाभ के संभावना बा। पुरान विवाद आज सुलझ सकेला।
उपाय: मंदिर में दीपदान करीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]