साँझ के 10 बड़ खबर
- बिहार: दरभंगा में घर में सूतल बुढ़ के चाकू गोद के हत्या, सासाराम में डुबला से दु बच्चन के मौत।
- बिहार: बीपीएससी पेपर लीक प्रकरण में बड़ कारवाई, दिल्ली से गिरफ्तार कइल गइले तीन अपराधी
- उत्तर प्रदेश: फतेहपुर में गंगा में नहाए गइल सात लईका-लईकी नदी में डूबल लो।
- उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी मस्जिद में मिलल शिवलिंग के पूजन के स्वामी अविमुक्तेश्वर नाथ के मांग पs आदेश सुरक्षित।
- झारखंड: कोरोना महामारी में बेंचल गइल दू गो बहिन के नोएडा पुलिस बचवलस, गुलामन के तरे करावल जात रहे काम।
- भाजपा टीवी डिबेट में जाए वाला पार्टी नेता लो खातिर गाइड लाइन जारी कइलस, धरम पs ना कर सकी लो कमेंट।
- फ्रांस में बन रहल बा सुरज, भारत समेत 35 देश के वैज्ञानिक जुटल लो, सफल भइल लो तs 1 ग्राम परमाणु से 8 टन तेल बराबर ऊर्जा बनी।
- बाइडेन के सउदी दौरा: जवना प्रिंस के कातिल कहलें, डेढ़ साल फोन ना कइले, अब ओहि सलमान के गले मिलिहें।
- एयरफोर्स एक्ट में बदलाव: अब वायुसेना प्रमुख बन सकी लो सीडीएस, रिटायर्ड एयरफोर्स चीफ धनोआ के नाम रेस में।
- हमनी के रिकॉर्ड खातिर ना खेलेनी सs: द्रविड़ बोलले – अफ्रीका सीरीज में कार्तिक होइहें फिनिशर, हार्दिक के कप्तानी दिल जीतलस।
Comments are closed.