Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2022

बिहार: बिहार में ठनका के चपेट में अइला से 17 लोग के जान गइल। सीएम आ डिप्टी सीएम जतवले शोक। बिहार: पटना में पांच महीना बाद एक दिन में 100 से जादे मिलले नाया कोरोना

Share

  1. बिहार: बिहार में ठनका के चपेट में अइला से 17 लोग के जान गइल। सीएम आ डिप्टी सीएम जतवले शोक।
  2. बिहार: पटना में पांच महीना बाद एक दिन में 100 से जादे मिलले नाया कोरोना मरीज, बिहार में आंकड़ा पहुंचल 211।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में फी बड़ प्रशासनिक फेरबदल, 11 IAS आ 11 PCS अफसरन के तबादला।
  4. नूपुर शर्मा के समर्थक के उदयपुर में हत्या के बाद यूपी में हाई अलर्ट, पुलिस इंटरनेट मीडिया पs बढ़वलस निगरानी।
  5. झारखंड: बस के तेज रफ्तार रहला से भइल दुर्घटना, रांची संत जेवियर्स कॉलेज के 15 स्टूडेंट्स घायल, एजुकेशनल टूर पs गइल रहे लो छात्र।
  6. उदयपुर में नूपुर शर्मा के समर्थन करे वाला टेलर के हत्या, प्रदेश में इंटरनेट बंद। हत्यारन के गिरफ्तार कइल गइल, वीडियो कइले रहs सs जारी।
  7. महाराष्ट्र में बीजेपी के राज्यपाल से बहुमत परीक्षण करावे के मांग, शिंदे गुट 50 विधयाकन के समर्थन के बात कहलस।
  8. 6 गो एयरबैग जरूरी भइल तs छोट कार बनावल बन करी मारुति, आल्टो आ वैगनआर बनल हो जाई बन।
  9. मुकेश अंबानी के रिलायंस जियो के बोर्ड़ से इस्तीफा, आकाश चेयरमैन बनले।
  10. भारत आयरलैंड टी-20 सीरीज: दूसरा टी-20 में भारत के रोमांचक मैच में 4 रन से जीत। 226 रन के विशाल लक्ष्य के पीछा करत आयरलैंड हार के बावजूद भारत के अंत ले मुश्किल में रखलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.