- बिहार: तेजस्वी बोललें तs बीजेपी उठा लेलस कुर्सी; इस्तीफा के मांग पs फूट पड़लें डिप्टी सीएम, कहलें- 2017 में चार्जशीट भइल, शपथ लेला से पहिले काहे ना रोकल लो। मात्र 37 मिनट चल सकल तीसरा दिन के कार्यवाही।
- बिहार: मोदी मंत्रिमंडल में नया चेहरा हो सकत बाड़ें चिराग; रविशंकर प्रसाद के हो सकत बा वापसी, चौंका सकत बाड़ें संजय जायसवाल। मोदी के हनुमान के एनडीए में वापसी लगभग तय।
- उत्तर प्रदेश: बागेश्वर वाले बाबा के कार्यक्रम में भगदड़, 10 घायल; अर्जी लगावे खातिर लागल रहे भीड़, गरमी-उमस से बेहोश भइल लो, गिरला से कई लोग चोटिल। ग्रेटर नोएडा में 16 तक चले के बा श्रीमद् भागवत कथा।
- उत्तर प्रदेश: ज्योति मौर्य ममिला में कमांडेंट मनीष दूबे सस्पेंड; ऑर्डर आइल बाकी, 3 प्वाइंट पs भइल एक्शन, पति आलोक के रास्ता से हटावे के बात कहले रहस। पत्नी ज्योति से तालाक नइखन चाहत आलोक, कहलें- साथ-साथ रहल चाहत बानी।
- झारखंड: धनबाद में छात्रा के बिंदी लगावे से स्कूल द्वारा मना कइला पs आत्महत्या के ममिला; आरोपी प्रिंसिपल आ शिक्षक गिरफ्तार, केंद्रीय बाल सरंक्षण आयोग लेलस संज्ञान, ममिला के करी जांच।
- बालासोर ट्रेन हादसा में 7 अफसर सस्पेंड: रेलवे कहलस- ई लोग सतर्क रहित तs हादसा ना होइत। बालासोर हादसा के वजह सिग्नलिंग सिस्टम में खराबी।
- उत्तराखंड समेत 5 राज्यन में भारी बरखा: 4 दिन में 100 मौत; दिल्ली में यमुना के लेवल 207.81 मीटर पहुंचल, केजरीवाल बोललें- निचिला इलाका के खाली करे लोग।
- विपक्षी एकता बैठक 17-18 जुलाई के, 8 नया पार्टी जुड़ल: सोनिया गांधी एक दिन पहिले डिनर होस्ट करिहें; केजरीवालो के भेजल गइल न्यौता। एकरा संगही कांग्रेस अध्यक्ष खड़गे अपना तरफ से भेजलें चिट्ठी।
- नाटो समिट में जेलेंस्की के फोटो वायरल: अकेले नजर अइलें यूक्रेन के राष्ट्रपति; सोशल मीडिया पs यूजर्स बोलल लो- मेला में खो गइल लईका।
- भारत वेस्टइंडीज टेस्ट आज से: वेस्टइंडीज के खिलाफ लगातार नवां सीरीज जीते के मवका, यशश्वी ओपनर, नंबर 3 पs खेलिहें गिल। भारत के 21 साल से टेस्ट में नइखे हरा सकल वेस्टइंडीज।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 12, 2023
बिहार: तेजस्वी बोललें तs बीजेपी उठा लेलस कुर्सी; इस्तीफा के मांग पs फूट पड़लें डिप्टी सीएम, कहलें- 2017 में चार्जशीट भइल, शपथ लेला से पहिले काहे ना रोकल लो। मात्र 37 मिनट चल सकल तीसरा
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






